वीरगंज मे लागुऔषध सहित एक पकडईलें

वीरगंज मे लागुऔषध सहित एक पकडईलें

वीरगंज २१ माघ

पर्सा पुलीस लागुऔषध सहित एक युवक के वीरगंज से पकडले बा । पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २३ प्रसौनी घर भईल १८ बरीस के राकेश दास तत्वा रहल बाडन । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २५ स्थित सडक मे पुलीस चेकजाँच के समय मे तत्वा के लागु ओैषधसहित पकडले बा ।

उनकर साथ से लागु ओैषध ओनेरेक्स ३७ बोत्तल बरामद कईल पर्सा के प्रहरी प्रबक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी । तत्वा के पुलीस हिरासत मे राखके लागुऔषध सम्बन्धी कसूर मे आउर अनुसन्धान हो रहल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।