सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह मे बरामद सामान लिलामी के तईयारी

सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह मे बरामद सामान लिलामी के तईयारी

वीरगंज २२ माघ

वीरगंज सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह परिसर मे करिब ५ बरीस से रहल कन्टेनरसब से बरामद भईल कसईली, पोस्तादाना लगायत के सामान बन्दरगाह भन्सार कार्यालय लिलामी के तईयारी कईले बा । भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार अधिकृत रामप्रसाद मैनाली के मुताविक बरामद भईल कसईली, पोस्तादाना, फिड सप्लिमेन्ट, सिलाई मेसिन, इण्डष्ट्रियल साल्ट, अटोपार्ट्स् लगायत के सामानसब के लिलामी प्रक्रिया अगाडि बढाल गईल बा ।

‘कन्टेनर से बरामद भईल मेसे खाए लायक तथा प्रयोग करे लायक सामानसब लिलाम करे लागल बा,’ कहत उ, ‘सभी सामान के लगत तईयार करके लिलामी के सूचना ईहे हप्ता भितर प्रकाशित करेवाला किसिम से गृहकार्य हो रहल बा ।’

मैनाली के मुताविक बरामद भईल कन्टेनरसब से लिलाम योग्य ३ लाख ४८ हजार किलो कसईली, १ लाख ६७ हजार ६ सय किलो पोस्ता दाना बरामद भईल बा । कसईली के मूल्य करिब १४ करोड आ पोस्ता दाना के मूल्य करिब २४ करोड १९ लाख रोपेया रहल अनुमान कईल बा ।

लिलामी प्रक्रिया के खातिर मैनाली के अध्यक्षता मे एक मुल्यांकन समिति गठन कईल बा । समिति के सदस्यलोग मे कोष तथा लेखा नियन्त्रण कार्यालय, जिल्ला प्रशासन कार्यालय, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के प्रतिनिधि आ सवारी साधन के हक मे एक मेकानिकल इन्जिनियर भी रहल बाडन ।

समिति के बईठक सोमार के दिने बईठके मंगर से काम सुरु करेके योजना रहल उ बतवनी । समिति सभी सामान के मूल्यांकन कईला के बाद उ बस्तु लिलामी प्रक्रिया मे लेजाईल जाई ।

करिब ५ बरीस पहिले से आयातकर्ता ना लेजाके बन्दरगाह परिसर मे रहल ३ सय ९१ गो मालबाहक कन्टेनर मे रहल मालबस्तु व्यवस्थापन करेके प्रयास स्वरुप सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय अगहन १० गते ७ दिने सूचना प्रकाशित करके आयातकर्तालोग के सम्पर्क मे आवे खातिर आह्वान कईले रहे ।

माकिर अधिकांश आयातकर्ता सम्पर्क मे आईल ना रहलन । ओकरा बाद भन्सार कार्यालय नियमपूर्वक कन्टेनर के शिल तुरके ओमे रहल मालबस्तु के अवस्था यकिन कईले रहे ।

सामान्यता भन्सार परिसर मे मालबस्तु आईल ६० दिन भितर भी आयातकर्ता आपन मालबस्तु जाँचपास करके ना लेगईला पर ओईसन बस्तु लिलाम प्रक्रिया मे लेजाए सकेके प्रावधान भन्सार ऐन २०६४ मे रहल बा । आयातकर्ता से जाँचपास प्रक्रिया के खातिर घोषणा ना करके बन्दरगाह परिसर के दक्षिण पूर्वी कुना तथा मध्य भाग मे राखल कन्टेनरसब कबाड होत गईल रहे । कुछ कन्टेनर मे बिजी लागके कन्टेनर मे रहल केराव लगायत के मालबस्तु कन्टेनर बाहर राखल गईल रहे । कन्टेनर विधिपूर्वक खोलला पर कैयन कन्टेनर मे रहल मालबस्तु सडके नोक्सान भईल रहे । प्रायः केराउ, छोहडा आदि खाद्यान्न बस्तु सडके प्रयोग करे ना सकेके अवस्था मे पुगल रहे । उल्था ईकान्तिपुर

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।