५ हजार ७ सय ४० किलो पियाज पकडाईल

५ हजार ७ सय ४० किलो पियाज पकडाईल

वीरगंज २४ माघ

सशस्त्र प्रहरी बल पर्सा बहुते परिमाण मे भन्सार ना तिरके लियावल पियाज पकडले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका–१९ स्थित अलौँ तथा ड्राईपोर्ट क्षेत्र से सशस्त्र पुलीस ५ हजार ७ सय ४० किलो पियाज बरामद कईल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक किशन कर्माचार्य जनवले बानी ।

आकस्मिक जाँच करेके समय मे प्रस्तावित सीमा सुरक्षा गुल्म अलौँ आ बीओपी ड्राईपोर्ट से खटल गस्ती टोली मंगर के दिने दु गो पिक अप गाडी से प्याज बरामद कईले बा ।

सशस्त्र एसपी कर्माचार्य के मुताविक अवैध रुप मे भन्सार छल के प्रदेश २–०३–००१च६२०३ आ प्रदेश २–०३–००१च५१३५ नम्बर के दु गो पिकअप मे लोड करके प्याज लिया रहल समय पकडल गईल बतवनी । प्याज आ पिकअप गाडी बुध के दिने वीरगंज भन्सार कार्यालय बुझावल सशस्त्र प्रहरी बल कार्यालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।