अल्पाईन टी–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट के तईयारी पुरा
अल्पाईन टी–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट के तईयारी पुरा

वीरगंज २५ माघ
अल्पाईन टी–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट के तईयारी पुरा भईल जनावल गईल बा ।
बियफे के दिने टुर्नामेन्ट के आयोजक अल्पाईन माध्यमिक विधालय पत्रकार सम्मेलन करके प्रतियोगिता के बारेमे जनवले बा । वीरगंज मे आवेवाला शनिचर से वीरगंज महानगर के अल्पाईन, मिनीलेन्ड, विपिएस, पीसजोन, ग्लोबल, बाल एकता, पर्सा म्यानेजमेन्ट, डेसिमल, मेरीगोल्ड, ममता माध्यमिक विधालय करके १६ गो निजी विद्यालयसब के सहभागिता मे क्रिकेट टुर्नामेन्ट प्रतियोगिता होखेके बतावल गईल बा ।
उ प्रतियोगिता माघ २७ गते से फागुन १९ गते तक होखेके अल्पाईन स्कूल के सञ्चालक एवम् प्रतियोगिता के संयोजक बिनोद कुमार उपाध्याय बतवनी । प्रतियोगिता मे सहभागी टिमसब के चार गो ग्रुप मे बिभाजन कईल तथा प्रतियोगिता वीरगंज के नारायणी रँगशाला मे आयोजना होखेके उपाध्याय बतवनी ।
वितल समय मे नेपाल मे क्रिकेट खेल उपर लगाव बढ रहला से खेलाडीलोग के हौसला प्रदान करेके आ पर्सा जिल्ला मे क्रिकेट खेलाडीलोग राष्ट्रिय रुप मे बढावे खातिर प्रतियोगिता आयोजना कईल प्रतियोगिता संयोजक विशाल कुमार बतवनी ।
प्रतियोगिता मे पर्सा क्रिकेट संघ लगायत क्रिकेट से सम्बन्धित निकाय के भी उपस्थिति रहेके अल्पाईन स्कुल के क्रिकेट कोच कलामुदिन अंसारी बतवनी । प्रतियोगिता के कुल लागत ६ लाख रहल जनावल गईल बा ।
पत्रकार सम्मेलन मे अन्तराष्ट्रिय अम्पायर हिरालाल यादव, बासु कर्ण लगायत संचारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे । पत्रकार सम्मेलन के सहजीकरण पत्रकार राम मण्डल कईले रहलन ।






