राष्ट्रिय सभा सदस्य पुजा चौधरी के रौतहट मे सम्मान
राष्ट्रिय सभा सदस्य पुजा चौधरी के रौतहट मे सम्मान

मेवालाल यादव
रौतहट २५ माघ
रौतहट जिल्ला के सदरमुकाम गौर मे जसपा नेपाल के ओरी से राष्ट्रिय सभा सदस्य पद मे निर्वाचित पुजा चौधरी के सम्मान कईल गईल बा । जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के पार्टी कार्यालय मे आयोजित कार्जक्रम मे राष्ट्रिय सभा सदस्य चौधरी के पार्टी के नेता तथा कार्यकर्तालोग फुलमाला पहिनाके स्वागत कईले रहलन ।
पार्टी जिल्ला अध्यक्ष श्याम बिहारी यादव के अध्यक्षयता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि भी रहल चौधरी मधेश प्रदेश सरकार बेटी पढाव बेटी बचाव अन्तर्गत साइकल वितरण तथा बेटी बिमा अन्तर्गत हरेक बेटी के तीन लाख के बिमा करेके जईसन योजना लागू भईल बतवनी । राष्ट्रिय सभा सदस्य मे पुजा चौधरी के जित ना गठबन्धन तथा जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के जित रहल बतवनी ।
पुर्व प्रदेश सदस्य रामकिशोर प्र. यादव मधेश प्रदेश के नागरिक पहाडी जिल्ला मे पहिचान करावे खातिर राष्ट्रिय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के महत्वपूर्ण भुमिका रहल जिकिर कईनी । मधेस प्रदेश के पूर्व मुख्यमन्त्री मो.लालबाबु गद्दी समाज मे रहल जनानी लईकालईकी के खातिर सबसे पहिले साइकल तथा जन्मल लईकी के खातिर शिक्षा बिमा के सुरुवात कईल पहिलका पार्टी जसपा रहल यादव बतवनी । कार्जक्रम मे जसपा के राजनीतिक सदस्य बिश्वनाथ पटेल, प्रदेश सदस्य शोभ साह देवी, सर्लाही इन्चार्ज राम आशिष यादव, पुर्व नगर प्रमुख बिरेन्द्र यादव, जिल्ला अध्यक्ष श्याम बिहारी यादव, जिल्ला सचिव जयराम महतो, समाजवादी बिधार्थी युनियन संघ के सचिव ललन यादव लगायत नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।






