नक्कली नेपाली रोपेया के कारोबार करेवाला गिरोह के नाइके सहित पाँच जने पकडईलें

नक्कली नेपाली रोपेया के कारोबार करेवाला गिरोह के नाइके सहित पाँच जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २५ माघ

नक्कली नेपाली रोपेया कारोबार करेवाला गिरोह के नाइके सहित पकडाईल पाँच जने के बारा पुलीस सार्वजनिक कईले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे पत्रकार सम्मेलन करके उ आदमी के आजु पुलीस सार्वजनिक कईले बा ।

पकडाएवाला मे जिल्ला सर्लाही चन्द्रनगर गाँवपालिका–३ रहेवाला ४४ बरीस के रामचन्द्र महतो कोइरी, जिल्ला बारा परवानीपुर गाँवपालिका–५ रहेवाला सुमित साह, उहे जगहा रहेवाला सन्तोष पटेल, जिल्ला पर्सा वीरगंज महानगरपालिका–१० रहेवाला विशालकुमार श्रीवास्तव आ उनकर सार उहे जगहा रहेवाला नीरज श्रीवास्तव रहल प्रहरी प्रवक्ता दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी । जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–७ जीतपुर बजार मे नक्कली रोपेया के कारोबार हो रहल सूचना के आधार मे तत्काल पुलीस के टोली परिचालन करके एक जने के नक्कली रोपेया सहित पकडला के बाद उनकर वयान के आधार मे जिल्ला के अनेकन जगहा आ आउर जगहा से करके चार जने के पकडल प्रहरी उपरीक्षक सुरेश काफ्ले जानकारी देहनी ।

पकडाईल आदमी से ६१ हजार नक्कली नेपाली रोपेया, भारतीय सिमकार्ड सहित सात थान मोबाइल भी बरामद कईल प्रहरी प्रवक्ता न्यौपाने बतवनी । पाँच तह मे नक्कली नोट के कारोबार हो रहल जानकारी मिलला के बाद प्रथम, दुसरका, तिसरका आ चउथका तह तक के आदमी के ई नक्कली नोट प्रकरण मे पकडेमे सफल भईल आ जलदी हि पाँच वाँ तह के आदमी के पकडेके प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले जानकारी देहनी ।

तीन लाख नक्कली नेपाली रोपेया लेवे खातिर एक लाख सक्कली नेपाली नोट देवेके पड रहल पकडाईल आदमी के अनुसन्धान से खुलल प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले जानकारी देहनी । नक्कली रोपेया कारोबार कईला मे पाँच प्रतिशत तक के कमिसन दे रहल अनुसन्धान से खुलल उ बतवनी । नक्कली रोपेया के कारोबार करेवाला आदमी खास करके भीडभाड, किराना दोकान, मासु दोकान, तरकारी बजार, गाँवघर मे भईस, खसी खरिद करेके, ज्याला मजदुरी देवेवाला काम मे नक्कली पईसा प्रयोग कररहल प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले बतवनी । भारत मे नक्कली रोपेया छापके नेपाल के अनेकन जगहा मे कारोबार कर रहला से भारतीय पुलीसलोग से भी समन्वय, सहकार्य करके पईसा छापेवाला सञ्जाल तक पुगेके उपरीक्षक काफ्ले दाबी कईनी । वीरगंज महानगरपालिका–१० रहेवाला विशालकुमार श्रीवास्तव नक्कली नेपाली रोपेया के नेपाल मे साटासाट करे करावेवाला नाइके के रूप मे काम करत आईल प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।