संघीयता समाप्त करे खातिर कुछ तत्वसब लागल बाडन : मुख्यमन्त्री यादव

संघीयता समाप्त करे खातिर कुछ तत्वसब लागल बाडन : मुख्यमन्त्री यादव

राजविराज २७ माघ

मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव संघीयता संकट मे रहल बतवले बानी । देश मे संघीयता अईला पर भी पूर्ण कार्यान्वयन होखे ना सकल बतावत उ संघीयता समाप्त करे खातिर कुछ तत्वसब लागल आरोप लगवले बानी ।

जनता समाजवादी पार्टीद्वारा शनिचर के दिने सप्तरी के बोदेबर्साइन मे आयोजना कईल पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री यादव स्थानीय तह मे भईल अधिकार जेतना भी प्रदेश सरकार के ना रहल सिकाईत कईनी । संघीय सरकार प्रदेश सरकार के अन्धकार मे राखेके खोजल उनकर आरोप बा ।

प्रदेश के मुख्यमन्त्रीलोग सँगे के बईठक मे प्रधानमन्त्री से छलफल हि ना करके कुछ विषय निर्णय के खातिर राखला पर हमनीसब अस्वीकार कईल उ बतवनी । संघीयता के पूर्ण कार्यान्वयन आ प्रदेश सरकार के अधिकार देवेके विषय बेर–बेर संघीय सरकार के ध्यानाकर्षण करईला पर भी ध्यान ना देहल मुख्यमन्त्री यादव के आरोप रहे । २–३ बरीस मे सप्तरी मे मधेश कृषि विश्वविद्यालय के निर्माण पुरा होखेके दाबी करत उ जनमत पार्टी के विकास विरोधी के संज्ञा देहनी । विकास के काम मे अवरोध करके जनमत पार्टी विकास विरोधी के रूप मे आईल बतवनी ।

फेनु जसपा मे अईलें प्रदेश सांसद सिंह

सप्तरी के प्रदेश सभा क्षेत्र नम्बर ४(२) से निर्वाचित प्रदेश सभा सदस्य अनिरुद्र प्रसाद सिंह शनिचर के दिने जनता समाजबादी पार्टी (जसपा) मे प्रवेश कईले बाडन । उ स्वतन्त्र उम्मेदवारी देके निर्वाचित प्रदेश सभा सदस्य हउवन ।

पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे जसपा अध्यक्ष उपेन्द्र यादव, मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव लगायत प्रदेश सभा सदस्य सिंह के अबिर माला पहिना के जसपा मे स्वागत कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।