धार्मिक अनुष्ठान से सकारात्मक सोच आ सही रास्ता मे चलेके प्रेरणा मिलेला : उपराष्ट्रपति
धार्मिक अनुष्ठान से सकारात्मक सोच आ सही रास्ता मे चलेके प्रेरणा मिलेला : उपराष्ट्रपति

वीरगंज २८ माघ
उपराष्ट्रपति रामसहायप्रसाद यादव धार्मिक गतिविधि से मानव के सकारात्मक सोच आ सही रास्ता मे चले खातिर प्रेरणा मिलेला कहके बतवले बानी ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ पीपरा स्थित चिनी मिल परिसर मे आजु से सुरु भईल सीताराम नाम सङ्कीर्तन महायज्ञ १०८ कुन्ज एवं ९ दिवसीय श्री विष्णु महायज्ञ के उद्घाटन करत उपराष्ट्रपति यादव महायज्ञ, भूमिपुजन लगायत के धार्मिक अनुष्ठान से मानव मानवबीच सद्भाव कायम करेके आ मानव के सही रास्ता मे चले खातिर प्रेरित कर रहल बतवले बानी ।
आपसी खिचातानी, मनमुटाव लगायत के चलते समाज मे अशान्ति बढ रहल समय अईसन धार्मिक अनुष्ठान से शान्ति, अमचयन आ भातृत्व प्रबद्र्धन मे योगदान पुगेके विश्वास व्यक्त करत महायज्ञ से शान्ति कायम करेके आ पारस्परिक एकता प्रबद्र्धन होखो कहके कामना भी कईनी ।
कार्जक्रम मे उद्योग वाणिज्य तथा आपूर्तिमन्त्री रमेश रिजाल धर्म सत्य के रास्ता मे चले खातिर प्रेरित करेला कहके बतावत धर्म के जोगावे खातिर धर्मगुरु के योगदान महत्वपूर्ण रहल चर्चा कईनी ।
कार्जक्रम मे उपराष्ट्रपति यादव महायज्ञ सफल बनावे मे सहजोग करेवाला अनेकन आदमी के दोसल्ला ओढाके सम्मान कईले रहनी । वरिष्ठ कथावाचिका साधवी लक्ष्मी माता तथा आउर कथावाचकद्वारा ९ दिन तक चलेवाला महायज्ञ मे दश लाख श्रदालु भक्तजन सहभागी होखेके अनुमान कईल महायज्ञ व्यवस्थापन समिति जनवले बा ।
महायज्ञ मे ९ दिन तक श्रीराम नाम जप, रामचरित्र मानष पाठ, कथा बाचन, रासलिला लगायत के धार्मिक सांस्कृतिक कार्जक्रम आयोजना होखेके जनावल गईल बा ।






