हिन्दू राष्ट्र आ राजसंस्था पुनःस्थापना के खातिर संघीय संरचना खारेज कईला के विकल्प नईखे ः अध्यक्ष थापा

हिन्दू राष्ट्र आ राजसंस्था पुनःस्थापना के खातिर संघीय संरचना खारेज कईला के विकल्प नईखे ः अध्यक्ष थापा

वीरगंज २९ माघ

राप्रपा नेपाल के राष्ट्रिय अध्यक्ष कमल थापा संघीय संरचना खारेज करके स्थानीय निकाय के बरियार बनावत सुशासन के माध्यम से देश मे आर्थिक विकास आ सुशासन हासिल करेके आपन पार्टी के लक्ष्य रहल बतवले बानी ।

पार्टी के कार्यकर्ता भेटघाट तथा प्रशिक्षण कार्जक्रम मे सोमार के दिने वीरगंज आईल अध्यक्ष थापा होटल सुरज मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके देश मे कायम रहल भ्रष्ट व्यवस्था अन्त्य करके देश मे हिन्दु राष्ट्र आ राजसंस्था पुनःस्थापना के खातिर संघीय संरचना खारेज कईला के विकल्प ना रहल बतवले बानी ।

उ संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के भ्रष्ट व्यवस्था के रुप मे टिप्पणी करत देश मे निर्वाचित कार्यकारी प्रधानमन्त्री होखेके बात मे जोड देहले रहनी । राजदरबार हत्याकाण्ड के छानविन होखेके प्रधानमन्त्री प्रचण्ड के अभिव्यक्ति मे टिप्पणी करत कमल थापा सरकार सकला पर हत्याकाण्ड के न्यायिक छानविन करे खातिर चुनौती देहले रहनी ।

अभी के संघीय लोकतान्त्रीक, धर्म निरपेक्ष प्रणाली असफल भईल आ देश मे भ्रष्टाचार बढल बतवनी । पहिले के जईसन राजतन्त्र के परिकल्पना ना कईल कहत राजा से लेके माओवादी सभी अटावेवाला राजनीतिक नेतृत्व से उपर रहेवाला किसिम से हिन्दु राष्ट्र सहित के राजसंस्था के पुर्नस्थापना चाहल बतवनी ।

अभी के भ्रष्ट व्यावस्था के अन्त्य करके मौलिक लोकतन्त्र स्थापना के खातिर हमनीसब आन्दोलन शुरु कईल चर्चा करत थापा समान विचार राखेवाला सभी के सहभागिता मे बृहत मोर्चा निर्माण मे लागल बतवनी । विचार मिलेवाला समूह आ दलसब से भी संवाद आ वार्ता जारी रहल उल्लेख करत राप्रपा नेपाल के अध्यक्ष थापा मिटरब्याजी, लघुवित्त आ सहकारी से जनता पीडित भईला से एकर समाधान के खातिर दुर्गा प्रसाई के ‘राष्ट्र आ राष्ट्रियता तथा धर्म संस्कृति बचाई’ अभियान के माग जईसन देश के आर्थिक सम्भाव्यता के दृष्टिगत करके कम कर्जा लेहललोग के कर्जा मिनाह करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

एहितरे वीरगंज मे जारी पार्टी के जिल्लास्तरीय प्रशिक्षण कार्जक्रम के सोमार के दिने सम्बोधन करत थापा गणतन्त्रादी आ परिवर्तनकारीलोग के भी चित बुझेवाला राजसंस्था के परिकल्पना पार्टी से कईल बतवले बानी ।

उ संसद् आ संविधान के परिधि आ नियन्त्रण मे रहेवाला नैतिक शक्ति भईल अभिभावक के रूप मे सहमति आ सम्झौता के राजसंस्था के परिकल्पना हमनीसब कईल जानकारी देहनी ।

‘वितल समय के जईसन राजसंस्था हमनी परिकल्पना नईखी कईले, २०६३ साल से पहिले के राजसंस्था पुनःस्थापना होखेके सम्भावना भी हमनी नईखी देखत, ‘कहत उ, अभी के राजसंस्था कहल गणतन्त्रादी के भी चित बुझेवाला, परिवर्तनकारी के भी चित बुझेवाला सहमति आ सम्झौता के राजसंस्था होखी ।’

राजसंस्था के बात करके लोकतन्त्र भा प्रजातन्त्र समाप्त करेके प्रयास कईल कहके आपन पार्टी उपर लगावल जाएवाला आरोप उपर तनको भी सत्यता ना भईल थापा के कहनाम रहे । प्रजातन्त्र के सवाल मे आउर दल से आपन दल एक इन्च भी कम ना भईल उनकर दाबी रहे ।

प्रशिक्षण कार्जक्रम मे राप्रपा नेपाल के बरिष्ठ उपाध्यक्ष राजिव पराजुली, जिल्ला कार्य समिति, पर्सा जिल्ला के सभी पालिका, वार्ड इकाई के सदस्यलोग के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।