फागुन २ गते से दुसरका वीरगंज फुटवेयर एक्स्पो मेला लागी

फागुन २ गते से दुसरका वीरगंज फुटवेयर एक्स्पो मेला लागी

वीरगंज ०१ फागुन

वीरगंज मे फागुन २ गते से ‘दुसरका वीरगंज फुटवेयर एक्स्पो २०८०’ नामक एक महिने जुत्ता–चप्पल व्यापार मेला लागेके जनावल गईल बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे एक महिना तक चलेवाला व्यपार मेला मे नेपाल आ भारत के करिब २ लाख से बेसी उपभोक्ता एवं ग्राहकलोग आवेके आयोजक दावी कईले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय अगाडि लालबंगला परिसर मे लागेवाला व्यपार मेला मे अनेकन १३ गो कम्पनी के ६० से बेसी स्टल रहेके मेला समिति के संयोजक सुरज बन्जाडे पत्रकार सम्मेलन मे बतवनी ।

व्यपार मेला मे ३५ से ४० हजार जोडा जुत्ता चप्पल विक्री होखेके जउना से करिब ३ करोड रोपेया बराबर के कारोबार होखेके अनुमान कईल बन्जाडे बतवले बानी । मेला मे जुत्ता–चप्पल किनेवाला ग्राहक के १५ से ५० प्रतिशत तक छुट के व्यवस्था रहल पत्रकार सम्मेलन मे बतावल गईल । ‘स्वदेशी उत्पादन के प्रवद्र्धन, हमनी के अभियान’ कहके नारा के साथ सुरु होखेवाला जुत्ता चप्पल व्यपार मेला के मुख्य उदेश्य नेपाल मे उत्पादित नेपाली जुत्ता चप्पल उत्पादन के विक्री वितरण करेके आ उपभोक्ता के नेपाली उत्पादन के बारे मे जानकारी देवेके रहल बन्जाडे बतवनी ।

मेला के सभी तईयारी पुरा भईल आ फागुन २ गते बुध के सबेरे ११ बजे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह उदघाटन करेके जनावल गईल बा ।

पत्रकार सम्मेलन मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, उपाध्यक्ष युवराज खडका, आइडिएल शुज के रामचन्द्र खत्री, बोस शुज के गंगा बहादुर श्रेष्ठ, भेनस के जीवन कुमार श्रेष्ठ, वन वल्ड के श्रीराम पाण्डे लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।