विश्व हिन्दु महासंघ के १० वाँ वार्षिक साधारण सभा पुरा
विश्व हिन्दु महासंघ के १० वाँ वार्षिक साधारण सभा पुरा

मेवालाल यादव
रौतहट ४ फागुन
विश्व हिन्दु महासंघ रौतहट कार्यसमिति के आयोजना मे रौतहट के श्री कृष्ण प्रणामी मन्दिर अतिथि सेवा सदन चपुर मे १० वाँ वार्षिक साधारण सभा पुरा भईल बा ।
डा. शालिग्राम शर्मा के अध्यक्षयता मे भईल साधारण सभा मे प्रमुख अतिथि केन्द्रिय उपाध्यक्ष सत्यनारायण राउत सभी हिन्दु धर्मावलम्बी एक होखी, देश के जईसे भी हिन्दु राष्ट्र बनावे खातिर एक होके लागे खातिर सभी से निहोरा कईले रहनी । उ सनातन बौद्धिक हिन्दु धर्म स्थापित करे खातिर सभी के साथ आ सहजोग रहेके विश्वास व्यक्त कईनी ।
धर्म से आदमी के अनुशासित बनावेके आ समाज मे शान्ति के स्थापना होखेके बात मे जोड देहनी । धार्मिक संघसंस्था से समाज मे होखेवाला विकृति, विसंगति न्युनीकरण मे सहजोग पुगावल बतावत धार्मिक संघसंस्था से समाज मे शान्ति के स्थापना मे महत्वपूर्ण भूमिका खेलल दाबी कईनी ।
उ अवसर मे अनेकन आदमी के सम्मान कईला के साथे आजिवन सदस्यता प्रमाणपत्र वितरण कईल रहे । एहितरे, संस्था के विकास मे योगदान पुगावेवाला ५ जने के सम्मानपत्र से सम्मानित कईल गईल रहे ।
सम्मानित होखेवाला मे श्री दुर्गा पुजा समिति तथा छठ पुजा समिति अध्यक्ष सुरेन्द्र शाह कलवार , उपाध्यक्ष रामायण साह, सदस्य नथुनी साह, आरोही टेलिभिजन के सम्वाददाता कृष्णन्नदन शर्मा, सल्लाहकार राजकिशोर गुप्ता रहल रहलन ।





