बीपीसी कलेज मे ह्याकफेस्ट प्रतियोगिता पुरा

बीपीसी कलेज मे ह्याकफेस्ट प्रतियोगिता पुरा

वीरगंज ०५ फागुन

वीरगंज पब्लिक कलेज मे मधेस के पहिलका सूचना प्रविधि प्रतियोगिता (ह्याकफेस्ट) के आयोजना कईल बा ।

सूचना प्रविधि के बढल प्रयोग सँगे एकरा के आउर परिस्कृत करके प्रविधमैत्री बनावे खातिर शुरु भईल ह्याकाथोन प्रतियोगिता वीरगंज मे पुरा भईल बा । वीरगंज पब्लिक कलेज के व्यावस्थापन मे अनेकन संघ संस्थासब के सहजोग आ सहकार्य मे वीरगंज मे पहिलका बेर सूचना प्रविधि प्रयोग के प्रतियोगिता को आयोजना कईल वीरगंज पब्लिक कलेज के प्राध्यापक वासुदेवलाल कर्ण बतवनी । उनका मुताविक एकरा से पहिले काठमाण्डु उपत्यका मे मात्र सीमित रहल ई ह्याकाथोन वीरगंज मे पहिलका बेर आयोजना कईल बतवनी ।

बीपीसी कलेज के विद्यार्थी तथा ह्याक्फेष्ट प्रतियोगिता के प्रोजेक्ट लिडर संगीत न्यौपाने के मुताविक पूर्व मेची से पश्चिम महाकाली तक के ४७ गो स्नातक तह मे अध्ययन करेवाला विद्यार्थीलोग सहभागिता के खातिर नाम दर्ता करवले रहलन । उलोग मे से पहिलका चरण मे अनलाईन माध्यम से आयोजना कईल प्रतियोगिता मे २० गो टिम छनोट भईल आ दुसरका चरण के प्रतियोगिता मे १० गो समूह छनोट भईल रहे ।

उहे १० गो समूहबीच अभी प्रतिस्पर्धा करावल गईल बा । अब तिसरका चरण के प्रतियोगिता मे ४८ घण्टा तक लगातार कोडिङ करके शनिचर के दिने अन्तिम प्रतिस्पधा के विजेता घोषणा कईल टिम लिडर न्यौपाने बतवनी । प्रतियोगिता सहभागी विद्यार्थीलोग से निर्माण करेवाला अनेकन सफ्टवेयर प्रोग्रामसब आ प्रविधि के आधार मे आईल समस्या के समाधान करेवाला के उत्कृष्ट छनोट कईल बा ।

ह्याकाथुन प्रतियोगिता मे आईटी अध्ययन करेवाला विद्यार्थीलोग मात्र सहभागी होखे मिलेसे भी कम्प्युटर के ज्ञान आ सीप भईल सभी विद्यार्थीलोग प्रतियोगिता मे भाग लेवे सकेके आ एकरा से खुद जानल ज्ञान आ सीप मात्र ना होके कईसे ओकरा के ट्याकल करेके विषय मे भी जाने सकेके कन्चनपुर महेन्द्रनगर के लक्ष्मी कठायत बतवनी ।

उ अवसर मे बीपीसी कलेज के क्याम्पस प्रमुख डाक्टर विनय श्रेष्ठ, अरबिन्द श्रेष्ठ, जय किशन सहनी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।