झण्डा के कलश यात्रा मे दु समुदाय बिच झडप, पुलीस गोली चलवलख

झण्डा के कलश यात्रा मे दु समुदाय बिच झडप, पुलीस गोली चलवलख

महोत्तरी ०५ फागुन

झण्डा के कलश यात्रा मे डिजे बजावेके विषय मे भईल विवाद उग्ररुप लेहला के बाद पुलीस महोत्तरी के सम्सी मे ४ राउण्ड गोली चलवले बा ।

सम्सी गाँवपालिका वार्ड नं. १ मे आजु से सुरु भईल महाविर झण्डा उदघाट्न के अवसर मे निकालल शोभा यात्रा के समय मे झडप भईला के बाद पुलीस अवस्था के नियन्त्रण मे लेवे खातिर गोली चलवले बा ।

शोभायात्रा मे वजावल डिजे बन्द करेके विषय मे झडप भईल इलाका प्रहरी कार्यालय गौशाला के प्रहरी निरीक्षक मनोजकुमार यादव बतवनी । शोभायात्रा सम्सी गाँवपालिका–२ स्थित मस्जिद नजिक पुगेला के बाद स्थानीय मुस्लिम समुदाय के आदमीसब डिजे बन्द करेके प्रस्ताव लियावल आ उ प्रस्ताव मेला आयोजक पक्ष ना मानला पर झडप भईल प्रहरी निरीक्षक यादव जानकारी देहनी ।

झडप उग्ररुप लेहला के बाद पुलीस गोली चलाके अवस्था के साम्य बनावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय महोत्तरी जनवले बा । अभी दु पक्षबीच जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे छलफल जारी रहल पुलीस स्रोत जनवले बा । उहे समय मे एगो मोटरसाइकल मे भी आगजनी भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।