साउथजोन माध्यमिक विद्यालय के १५ वाँ वार्षिकोत्सव पुरा

वीरगंज । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १३ राधेमाई मे रहल साउथजोन माध्यमिक विद्यालय के १५ वाँ वार्षिकोत्सव एतवार के दिने भब्य समारोह के बीच पुरा भईल बा ।
वीरगंज के साह दरबार मे आयोजना कईल वार्षिकोत्सव समारोह के पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव उदघाटन करत ई विद्यालय छोट समय मे अभिभावकलोग के मन जितेमे सफल भईल बतवनी । विद्यालय वार्षिकोत्सव समारोह मे आपन बरीस भरके गतिविधि करेवाला भईला से आपन लईकालईकी विद्यालय मे शिक्षा संगे आउर गतिविधि मे केतना प्रगति कईले बाडन कहके स्वयंम अभिभावकलोग सहभागी होके देखे मिलेवाला अवसर ईहे वार्षिकोत्सव समारोह रहल बतावत एकरा से अभिभावकलोग सन्तुष्टि होखेके समय रहल बतवनी ।
प्रमुख अतिथि सांसद यादव छोट समय मे बहुते प्रगति कईला मे विद्यालय के शुभकामना देत विद्यार्थीलोग के संगीतीक कार्जक्रम तथा अनेकन संस्कृतिक कार्जक्रम प्रस्तुति कईला के साथे अनेकन बिधा के उत्कृष्ट विद्यार्थीलोग के सम्मानित कईले रहनी ।
विद्यालय के डाइरेक्टर तथा प्रिन्सिपल सरोज प्रसाद चौधरी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका शिक्षा महाशाखा के प्रमुख अरबिन्दलाल कर्ण, प्याब्सन के केन्द्रीय सदस्य छेडुप लामा, प्याब्सन मधेस प्रदेश के वरिष्ठ उपाध्यक्ष श्याम केसी, सदस्य इमामुदिन अहमद, प्याब्सन वरिष्ठ उपाध्यक्ष हरि श्याम ठाकुर, उपाध्यक्ष शिवजी गुप्ता, कोषाध्यक्ष रामकिशोर यादव, सचिव राहुल श्रीवास्तव, प्याब्सन नगर अध्यक्ष आलोक चौरसिया, एन प्याब्सन जिल्ला अध्यक्ष राम श्रेष्ठ, नगर अध्यक्ष जियालाल गुप्ता, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, कोषाध्यक्ष संजिव मिश्रा, प्रेस सेन्टर नेपाल केन्द्रीय सदस्य जगत राई, केन्द्रीय सदस्य निरज पिठाकोटेमगर, वीरगंज युवा समाज के संस्थापक अध्यक्ष कमल चौगाइ, अभिभावक संघ के अध्यक्ष अमर गौतम लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम के स्वागत राकेश तथा सहजिकरण सहायक प्रिन्सिपल अशोक संग्रोला कईले रहनी । विद्यालय बरीस भर खेलकुद, चित्रकला, हाजिरी जवाफ, फुटबल, नृत्य लगायत अतिरिक्त क्रियाकलाप मे उत्कृष्ट भईल विद्यार्थीलोग के प्रमाणपत्र तथा मेडल से सम्मानित कईल रहे ।






