राप्रपा आ नेपाल राष्ट्रवाद संघ संयुक्त रुपमे त्रिभुवन जयन्ती, प्रजातन्त्र दिवस मनवलख

राप्रपा आ नेपाल राष्ट्रवाद संघ संयुक्त रुपमे त्रिभुवन जयन्ती, प्रजातन्त्र दिवस मनवलख

वीरगंज ०७ फागुन

राप्रपा नेपाल पर्सा सोमार के दिने श्री ५त्रिभुवन जयन्ती, प्रजातन्त्र दिवस तथा राप्रपा नेपाल के बार्षिकोत्सव एगो कार्जक्रम के बीच पुरा भईल बा ।

वीरगंज स्थित पार्टी कार्यालय मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे राप्रपा नेपाल केन्द्रिय कार्य सम्पादन समिति के सदस्य शम्भु प्रसाद चौरसिया पूर्व राजा त्रिभुवन देश मे प्रजातन्त्र स्थापना करे खातिर २००७ साल मे जनता के आन्दोलन मे सहजोग पुगावल कहत उनका उपर हार्दिक श्रद्धा सुमन अर्पण कईले रहनी । एहितरे आजु हि पूर्व रानी कोमल राज्य लक्ष्मी देवी शाह के जन्मोत्सव भी परला से उनकर सु–स्वास्थ्य आ दृघायु के कामना भी कईले रहनी ।

राप्रपा नेपाल पर्सा के अध्यक्ष नरेस साह कानु के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पार्टी के सह–महामन्त्री अजय पौडेल, केन्द्रिय सदस्य केदार गौली, पार्टी के जिल्ला सचिव पवन प्रसाद साह, दिलिप गुप्ता, शिवनारायण यादव, दिप नारायण यादव, बिजय पासवान, सुदामा साह कानु, अमर हुसेन पवरिया लगायत के सहभागिता रहल रहे । एहितरे नेपाल राष्ट्रवाद संघ केन्द्रिय कार्यलय वीरगंज पर्सा त्रिभुवन जयन्ती तथा पूर्व रानी कोमल शाह के जन्मोत्सव एक कार्जक्रम के बीच मनवले बा ।

वीरगंज स्थित घण्टाघर चौक मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष जनकलाल शाह ई देश मे राजा से बनावल उद्योग, कलकारखानासब लोकतन्त्र, गणतन्त्र सत्ताधारीलोग सभी उद्योगसब धराशायी बनावल आरोप लगवनी । नेतालोग हि उद्योगधन्दा आ कलकारखानासब बन्द करईला के चलते युवालोग रोजगारी के खातिर खाडि मुलुक मे जाएमे बाध्य भईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे सहभागिलोग राजा रानी जिन्दाबाद, राजसंस्था कायम कर, हिन्दू राष्ट्र कायम कर, धर्मनिरपेक्ष खारिज कर लगायत के नाराबाजी कईले रहलन ।

संघ के अध्यक्ष जनकलाल शाह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे संघ पर्सा के अध्यक्ष संगिता देवी साह, नेपाल बिदत परिषद के रामनारायण साह, बिश्व हिन्दू परिषद के पृथ्वी झा, एहितरे उमाशंकर साह, राजेन्द्रपाल साह, संतोष कुमार गुप्ता, विष्णु कुमार दास, बिरेन्द्र साह, बजरंगी साह, चुलाइ मिया, असर्फी साह, राधाकृष्ण चौहान, हरि यादव, इदा मिया लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।