कलैया मे बुध के दिने सर्वपक्षीय ‘सद्भाव जुलुस’ निकली
कलैया मे बुध के दिने सर्वपक्षीय ‘सद्भाव जुलुस’ निकली

बारा ०८ फागुन
बारा मे क्रियाशील राजनीतिक दल तराई के कुछ जिल्ला मे सामाजिक सद्भाव बिथोलेवाला गतिविधि हो रहल कहत ओईसन ना करे खातिर निहोरा कईले बाडन । जिल्ला भितर क्रियाशील १२ राजनीतिक दल के नेतृत्व तथा प्रतिनिधि एक संयुक्त विज्ञप्ति जारी करत सामाजिक एकता भंग होखेवाला कउनो भी गतिविधि ना करे खातिर निहोरा कईले बाडन ।
पिछिलका समय सामाजिक सद्भाव एवम् धार्मिक सहिष्णुता उपर खलल पुगेवाला गतिविधि उपर ध्यानाकर्षण भईल कहत दल के नेतृत्व सभी धर्म आ संस्कृति के सम्मान करे के तथा एकआपस मे एकता कायम राखे खातिर निहोरा कईले बाडन । जिल्ला भितर जातीय सद्भाव बिथोलेवाला गतिविधि ना करे खातिर निहोरा करत राजनीतिक दल ओईसन गतिविधि कानुनविपरीत होखेके भी जनवले बाडन ।
विज्ञप्ति मे सामाजिक सद्भाव बिथोलेवाला सामग्रीसब सामाजिक सञ्जाल मे ना राखेके आ ओईसन गतिविधि करे खातिर उक्सावेवाला काम ना करे खातिर भी निहोरा कईल बा ।
संयुक्त विज्ञप्ति मे नेकपा एमाले बारा के अध्यक्ष एवम् कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख विनोद साह, नेपाली कांग्रेस के प्रतिनिधि चन्द्रिकाप्रसाद गुप्ता, नेकपा माओवादी केन्द्र के प्रतिनिधि मुकेश साह, राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के जिल्ला संयोजक चन्दनकुमार स्वर्णकार, राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष गिरधारीप्रसाद चौधरी, जनता समाजवादी पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष रामबाबुप्रसाद यादव, जनमत पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष शिवनाथ पटेल, एकीकृत समाजवादी पार्टी के क्षेत्रीय संयोजक वीरेन्द्रप्रसाद यादव, नागरिक उन्मुक्ति पार्टी के मधेस प्रदेश अध्यक्ष रामचन्द्र चौधरी, नेपाल मजदुर किसान पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष मुक्ति यादव, विवेकशील साझा पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष डा. सुशील साह आ नेपाल जनता दल के केन्द्रीय सदस्य गोपाल दास हस्ताक्षर कईले बाडन ।
एहितरे कलैया मे बुध के सबेरे सर्वपक्षीय सद्भाव जुलुस निकलेके जनावल गईल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के नेतृत्व मे सबेरे ७ः३० बजे सद्भाव जुलुस निकलेके जनावल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय परिसर से निकलेवाला सद्भाव जुलुस मे सहभागी होखे खातिर कार्यालय सामाजिक संजाल फेसबुकमार्फत अपिल कईले बा ।
‘जिल्ला प्रशासन कार्यालय परिसर कलैया से सर्वपक्षीय सद्भाव जुलुस आयोजना करेके भईला से सभी राजनीतिक दल, जनप्रतिनिधि, धार्मिक संघसंस्था, नागरिक समाज, सञ्चारकर्मी, शिक्षक, कर्मचारी, सुरक्षाकर्मी, स्थानीय क्लब लगायत आम बारा निवासी दिदीबहिन, दाजुभाइ के जुलुस मे उपस्थित होके सामाजिक सद्भाव कायम करेके काम मे योगदान पुगावे खातिर हार्दिक निहोरा बा’, जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के अपिल मे कहल बा ।
एकरा से पहिले बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी शशिधर घिमिरे के अध्यक्षता मे बईठल सर्वपक्षीय बईठक से सामाजिक सद्भाव बिगडे ना देवे खातिर दलीय भूमिका निर्वाह करेके सम्बन्ध मे छलफल भईल रहे । छलफल मे सामाजिक सद्भाव आ एकता बिगडे ना देवेके प्रतिवद्धता जनावल राजनीतिक दल संयुक्त अपिल जारी कईले बाडन ।






