ट्रक आ पिकअप ठोकईला पर २ जने के मृत्यु, ३ घायल
ट्रक आ पिकअप ठोकईला पर २ जने के मृत्यु, ३ घायल

बारा ०९ फागुन
सिमरा–हेटौंडा सडकखण्ड के आधाभार मे बुध के दिने ट्रक आ पिकअप भ्यान ठोकईला पर २ जने के मृत्यु भईल बा । दुर्घटना मे पिकअप मे सवार एक भारतीय नागरिक सहित दु जने के घटनास्थल मे मृत्यु भईल सिमरा इलाका प्रहरी कार्यालय के प्रहरी नायब उपरीक्षक प्रदीपबहादुर क्षेत्री बतवनी ।
उनका मुताविक सिमरा से हेटौंडा ओरी जा रहल ना६ख ३३५२ नम्बर के ट्रक आ हेटौंडा से सिमरा ओरी आ रहल बा०१–०२६च१३३४ नम्बर के पिकअप ठोकाईल रहे । मृतक के पहिचान खुले नईखे सकल । तीन जने घायल के परवानीपुर मे रहल एलएस न्यूरो अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।






