द अग्रवाल फाउन्डेसन से बनावल नयाँ भवन के उदघाटन आ पुरान के फिरसे बनावेला शिलान्यास
द अग्रवाल फाउन्डेसन से बनावल नयाँ भवन के उदघाटन आ पुरान के फिरसे बनावेला शिलान्यास

प्रभु यादव
बारा ९ फागुन
बारा के सब से पुरान स्कुल श्री ३ चन्द्र माध्यमिक विद्यालय के नयाँ भवन के उदघाटन आ पुराना भवन बनावेला शिलान्यास भईल बा ।
अमेरिका मे रहल कलैयाबासी द अग्रवाल फाउन्डेसन के सचिव पवन अग्रवाल आपन बाबू माई के नाम से बनल ताराचन्द चम्पा देवी शिक्षालय भवन उदघाटन कईले बानी । १६ कोठरी भईल भवन करिब चार करोड के लागत मे तयार भईल स्कुल जनकारी करावले बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि फाउन्डेसन के सचिव अग्रवाल आपन बाबुजी के देहल प्रेरणा से सिखल काम जन्म स्थान भईल जगह मे लईकन सभेला करेके अवसर मिलल बतवले बानी । अपने श्री ३ चन्द्र मावि से एसएलसी पढ के विदेश पुगल बानी बतावत पढावल गुरूलोग से देहल शिक्षा के कलैया मे अईला पर याद आरहल अग्रवाल बतावले रहनी ।
स्कुल के अध्यक्ष हरिओम सोनार के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह, संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, मधेश प्रदेश के पूर्व सभा सदस्य पारस साह लगायत के लोग दाता के कईल सहजोग सराहनिय रहल बतावले रहल रहनी । स्कुल पुरनका भवन के पहिले के रूप मे बनावेला शिलान्यास अग्रवाल कईले बानी ।






