बारा के दु लाख ६४ हजार लईकालईकी के दादुरा–रूबेला के सुई देहल जाई : स्वास्थ्य प्रमुख यादव
बारा के दु लाख ६४ हजार लईकालईकी के दादुरा–रूबेला के सुई देहल जाई : स्वास्थ्य प्रमुख यादव

प्रभु यादव
बारा १० फागुन
बारा जिल्ला के १६ गो पालिका भितर रहल लईका लईकी सब के दादुरा – रूवेला रोग विरूद्ध के सुई लगावे के सुरू कईल जाएके कलैया जन स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख रामनरेश यादव जनकारी करावले बानी ।
नव महिना से १५ बरीस तक के उमिर भईल लईकालईकी सब के खातिर खोप अभियान संचालन होखे जारहल यादव बतावले बानी । फागुन १३ गते से चईत ८ गते तक जिल्ला के १६ गो पालिका मे खोप अभियान संचालन करे के बतावले बानी ।
स्कुल मे रहल लईका लईकी आ स्कुल से बाहर रहल करिब दु लाख ६४ हजार लईकालईकी के खोप केन्द्र मे पुग के खोप लगावे के काम कईल जाई स्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख यादव जानकारी करावले बानी । पहिले खोप लगावल गईल लईका लईकी सब के खोप लगावल जाई प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी ।
खोप अभियान मे सहजोग करेला प्रमुख जिल्ला अधिकारी शशिधर घिमिरे अभिभावक सब से निहोरा कईनी । खोप अभियान मे दु हजार १४ जने स्वास्थ्यकर्मी आ स्वयंसेवक सब परिचालन करे के स्वास्थ्य कार्यालय जनाकारी करावले बानी । खोप से कवनो किसिम के हानी ना होई बतावत खोप लेवेला स्वास्थ्य कार्यालय प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी ।






