वीरगंज मे पहिलका बेर भव्य रुप मे निकालल गईल ‘जगन्नाथ रथयात्रा’
वीरगंज मे पहिलका बेर भव्य रुप मे निकालल गईल ‘जगन्नाथ रथयात्रा’

वीरगंज १२ फागुन
वीरगंज मे पहिलका बेर जगन्नाथ रथयात्रा निकालल गईल बा । ईस्कोन वीरगंज नामक संस्था के आयोजना मे वीरगंज मे पहिलका बेर शनिचर के दिने जगन्नाथ रथयात्रा निकालल गईल बा ।
शनिचर के सबेरे घण्टाघर चोक से सुभारम्भ करके निकालल गईल जग्गनाथ रथयात्रा माईस्थान, महाविरस्थान, अलखियामठ, पुजन होटल चोक, कैलाश होटल चोक, ठाकुरराम क्याम्पस, स्वीमीङ पुल होत आदर्शनगर स्थित पूराना बसपार्क मे पुगके समापन भईल रहे ।
एकरा से पहिले घण्टाघर चोक मे रथयात्रा के सुभारम्भ वीरगंज महानगरपालिका मेयर राजेशमान सिंह कईले रहनी । उ अवसर मे हिन्दूवादी संघसंगठन के अगुवा, अनेकन संघसंस्था के प्रतिनिधी लगायत के भी सहभागीता रहल रहे ।
वीरगंज मे धार्मिक–सामाजिक सदभाव के कायम राख के ओकरा के आउर सुमधुर बनावेके उदेश्य से वीरगंज मे पहिलका बेर जगन्नाथ रथयात्रा निकालल गईल ईस्कोन वीरगंज के अध्यक्ष रुपसनातन दास जानकारी देहनी ।
रथयात्रा से परिक्रमा करेवाला जगहा के चोकचोक मे सबेरे से बहुते संख्या मे नेपाल पुलीस के साथे सशस्त्र पुलीस के भी परिचालन कईल रहे ।
रथयात्रा मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष अनिल कुमार अग्रवाल, उद्योगी व्यवसायी, चिकित्सक, स्थनीय अगुवालोग, भद्रभलादमी, समाजसेवी, सर्वसाधरण लगायत हजारो के सङख्या मे भक्तजनलोग के सहभागीता रहल दास जानकारी देहनी ।






