रौतहट मे गाँजा सहित एक जने पकडईलें

रौतहट मे गाँजा सहित एक जने पकडईलें

रौतहट १३ फागुन

रौतहट के गुजरा नगरपालिका स्थित लाल बकैया के बाँध से पुलीस गाँजा ढुवानी के आरोप मे एक जने के पकडले बा । पुलीस शनिचर के सँझिया चार किलोग्राम लागूऔषध गाँजासहित पकडले बा ।

गुजरा नगरपालिका–४ स्थित लाल बकैया नदी के बाँध मे जिल्ला प्रहरी आ प्रहरी चौकी हरिनगर से खटल पुलीस टोली चेकजाँच करेके समय मे बारा के करैयामाई गाँवपालिका–१ हरैया टोल के ३५ बरीस के हबिब अन्सारी के ४ किलो गाँजा सहित पकडल गईल जिल्ला प्रहरी प्रमुख एसपी महेन्द्र श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।

अन्सारी के साथ मे रहल झोरा चेकजाँच कईला पर गाजा मिलल रहे । एसपी श्रेष्ठ के मुताविक पकडाईल अन्सारी के ईलाका प्रहरी लक्ष्मिनियाँ बिजयपुर मे राख के आउर अनुसन्धान हो रहल बा । पकडाईल अन्सारी के एतवार के दिने पुलीस सार्वजनिक कईले बा ।

पर्सा÷ पर्सा के तिलावे पुल लगे से पुलीस लागु पदार्थ गाँजासहित एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ विश्रामपुर के ५५ बरीस के मोखु राउत कुर्मी रहल बाडन । उनकर साथ से १ किलो १ सय ग्राम गाँजा बरामद कईल पुलीस जनवले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १९ तिलावे पुलस्थित सडक मे अस्थायी प्रहरी चौकी विन्दवासिनी से खटल पुलीस टोली साईकल मे सवार कुर्मी के देह चेकजाँच कईला पर उ आपन देह मे लुकाइ के राखल अवस्था मे गाँजा बरामद भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।

गाँजा सहित पकडाईल कुर्मी के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे राखके उनका विरुद्ध लागु औषध सम्बन्धी कसूर मे आउर अनुसन्धान हो रहल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।