एम्बुलेन्स भितर से गाँजा पकडाईल
एम्बुलेन्स भितर से गाँजा पकडाईल

सुनसरी १३ फागुन
सुनसरी मे सशस्त्र पुलीस एम्बुलेन्स भितर से गाँजा बरामद कईले बा ।
एतवार के दिने सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल नम्बर ४ गण एम्बुलेन्स से २७३.१३० किलोग्राम गाँजा बरामद कईले बा ।
सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल सुरक्षा बेश चतरा से सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक बिग बहादुर गोले के कमाण्ड मे खटल टोली सुनसरी के बराहक्षेत्र नगरपालिका–१ चतरा से सूर्यकुण्ड ओरी जाएवाला भित्री सडक खण्ड मे शंकास्पद अवस्था मे रोकके राखल को १ च २९३७ नम्बर के एम्बुलेन्स चेकजाँच के समय मे ९ गो पोका मे लुकाके राखल अवस्था मे गाँजा बरामद कईले बा ।
बरामद एम्बुलेन्स आ गाँजा आउर अनुसन्धान तथा कारबाही के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रनगर चक्रघट्टी मे बुझावल गईल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल नम्बर ४ गण सुनसरी के गणपति समेनन्द बज्राचार्य जानकारी देहनी ।






