नारायणी अस्पताल मे जनमल नवजात शिशु छोडके मातारी गायब

नारायणी अस्पताल मे जनमल नवजात शिशु छोडके मातारी गायब

वीरगंज १३ फागुन

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे बेटी जन्मल कहत परिवार के सदस्यलोग झगडा कईला के बाद जन्मावल नवजात शिशु अस्पताल के बेड मे छोडके एक जने जनानी सम्पर्क बिहिन भईल बाडी ।

नारायणी अस्पताल के सूचना अधिकारी डा. उदयनारायण सिंह के मुताविक, अस्पताल के प्रसूती विभाग मे शनिचर के दिने जन्मल नवजात शिशु अस्पताल के बेड मे छोडके बच्चा के जन्म देवेवालाी जनानी आ उनकर आफन्त सम्पर्कविहीन भईल बाडन ।

एतवार के सँझिया तक भी उ जनानी भा उनकर आफन्त केहु भी सम्पर्क मे ना आईल सिंह बतवनी । बच्चा के अस्पताल के एनआइसियु वार्ड मे राखल उ बतवनी ।

डाक्टर सिंह के मुताविक, शनिचर के दिने प्रसूति करावे खातिर वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ६ रानीघाट ठेगाना टिपावल ३० बरीस के जनानी सीता देवी साह कानु के लेके उनकर सास अस्पताल मे आईल रहली । उ जनानी के मरद के नाम धिरज साह कानु रहल अस्पताल के रेकर्ड मे उल्लेख बा । डाक्टर सिंह के मुताविक, प्रसूती करावे खातिर अस्पताल मे अईला पर उनकर मरद ना आईल रहलन ।

शनिचर के दिने अस्पताल के प्रसूती वार्ड मे भर्ना भईल उ जनानी शनिचर के दिने हि बेटी के जन्म देहले रहनी । एकरा से पहिले उ जनानी के तीन जने बेटी मात्र रहे । अभी चउथका सन्तान भी बेटी हि जनमल कहत उ जनानी के सास लगायत के परिवार के सदस्य जनानी से कच्कच कइला के बाद झगडा भी भईल रहे । झगडा भईला के बाद शनिचर के सँझिया के समय मे उ जनानी आ उनका सँगे आईल आफन्तलोग बच्चा के अस्पताल के बेड मे छोडके सम्पर्कविहिन भईल जानकारी अस्पताल प्रशासन पुलीस के करावल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी ।

थापा के मुताविक, प्रसूती करावे खातिर अस्पताल मे गईला पर जनानी अस्पताल के रजिष्टर मे टिपावल नाम आ ठेगाना हि गलत जईसन देखल गईल बा । काहेकी रानीघाट कहेवाला टोल वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर ६ मे ना परेला । अभी तक रानीघाट टोल मे उ नाम भईल जनानी भा उनकर मरद के नाम भईल आदमी हि ना मिलल थापा बतवनी ।

थापा कहनी, ,‘उलोग योजनाबद्ध रुप मे हि बच्चा के अस्पताल के बेड मे छोडके गईल जईसन देखल गईल बा ।’ यद्यपि, अस्पताल के सीसी टीभी फुटेज लगायत के आधार मे उलोग के खोजी काम पुलीस कर रहल माकिर एतवार के सँझिया तक ना मिलल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।