धोबिनी मे व्यूटिशियन आ सिलाई कटाई तालिम सुरु
धोबिनी मे व्यूटिशियन आ सिलाई कटाई तालिम सुरु

वीरगंज १४ फागुन
पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं १ पिपरा मे सोमार से ४५ दिने व्यूटिशियन तालिम शुरू भईल बा ।
वार्ड नं १ के वार्ड अध्यक्ष बन्धु साह तेली के अध्यक्षता मे भईल तालिम मे ३० जने जनानीलोग के सहभागिता रहल जनावल गईल बा । कार्जक्रम के उदघाटन करत वार्ड अध्यक्ष साह ई तालिम से जनानीलोग सीप सिखके व्यवसायिक रुप मे अगाडि बढेमे खुद विश्वस्त रहल बतवनी । जनानीलोग के सीप विकास सँगे आर्थिक रूप मे भी सबल बनावेमे लागल बतवनी ।
श्री क्वालिटी व्यवसायिक सीप के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे गाँवपालिकाका सामाजिक विकास शाखा प्रमुख जितेन्द्र प्रसाद चौहान, वार्ड सदस्य वीरेन्द्र साह, प्रशिक्षक रानी यादव, सञ्जना पटेल, रामानन्द ठाकुर लगायत के सहभागिता रहल रहे । एहितरे धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं २ भिकम्पुर टोल मे ३० दिने सिलाई कटाई तालिम शुरू भईल बा । स्वरोजगार व्यवसायिक तालिम श्रीपुर ११ पर्सा के आयोजना मे सोमार से सुरु भईल तालिम के उदघाटन करत पालिका अध्यक्ष मदन प्रसाद चौहान पहिलका समय मे मधेश के जनानीलोग अनेकन सीप सिखके व्यवसायिक रुप मे अगाडि बढ रहला मे ओकर फलस्वरूप ई तालिम आयोजना कईल बतवनी ।
तालिम से ई टोल के जनानीलोग भी सिलाई कटाई करेमे सक्षम होखेके आ व्यावसायिक रूप मे अगाडि बढेमे खुद विश्वस्त रहल बतवनी ।
उ अवसर मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रमोद साह, वार्ड नं २ के वार्ड अध्यक्ष देवेन्द्र प्रसाद कुर्मी, सामाजिक विकास शाखा प्रमुख जितेन्द्र चौहान, सब इन्जिनियर रबीभुषण पटेल, योजना शाखा प्रमुख पप्पु पटेल, वार्ड सदस्य व्यान्ती देवी, समाजसेवी भिखारी पटेल, प्रशिक्षक पुनिता देवी चौहान, स्वरोजगार व्यवसायिक तालिम केन्द्र के संचालक श्रीमती सबिता शर्मा लगायत के सहभागिता रहल रहे । तालिम मे २५ जने जनानीलोग के सहभागिता रहल जनावल गईल बा ।






