समाज के जीवित राखे खातिर पत्रकारिता के जरुरी बा : राज्यमन्त्री रहबर अन्सारी
समाज के जीवित राखे खातिर पत्रकारिता के जरुरी बा : राज्यमन्त्री रहबर अन्सारी

वीरगंज १४ फागुन
युएस एड के आर्थिक सहजोग, एसिया फाउण्डेशन नागरिक समाज आ सञ्चार के सहकार्य मे हाम्रो अभियान पर्सा से वीरगंज मे आयोजना कईल मधेस के सिमान्तकृत समुदाय आ जनानीलोग के लक्षित करके सञ्चालित सात महिने फेलोसिप कार्जक्रम सोमार के दिने समापन भईल बा ।
वीरगंज मे आयोजना कईल समापन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मधेस प्रदेश के उद्योग, वाणिज्य तथा पर्यटनराज्य मन्त्री रहबर अन्सारी पत्रकारिता दुषित भईला पर लोकतन्त्र कमजोर होखेके बतावत पत्रकारिता के पकवान जईसन ना बनावे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
उ समाज के जीवित राखे खातिर पत्रकारिता के जरुरी रहल बतावत कभोकाल मिडिया से पहिचान करे ना सकला पर समाज मे समस्या उत्पन्न हो रहला से एकरा ओरी सञ्चारकर्मीलोग सचेत होखेके बतवनी ।
जनानी, युवा आ सीमान्तकृत समुदाय के आवाजसब के सम्बोधन करावे खातिर अनेकन दातृ निकाय के सहजोग मे हाम्रो अभियान संस्था से खेलल भूमिका बहुते सराहनीय रहल बतवनी ।
उ अवसर मे ७ महिने कार्जक्रम के उपलब्धी आ चुनौती के समिक्षा तथा समाचार संगालो पुस्तक सार्वजनिक भी कईल गईल रहे । फेलोसिप कार्जक्रम मे बारा, पर्सा आ रौतहट के १० जने पत्रकार सहभागी रहलन ।
हाम्रो अभियान पर्सा के कार्यकारी निर्देशक शिवनाथ यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष जसवन्त यादव, युएसआईडी के प्रतिनिधि मारिया टेलेवान्टोस, सुमित्रा मानन्धर, विश्वास राणा, एसिया फाउण्डेशन के प्रतिनिधि अजय दास, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सदस्य केसी लामिछाने, पर्सा शाखा के अध्यक्ष अनुप तिवारी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






