निजगढ के बिष्फोट मे संलग्न रहल आरोप मे पकडाईल उपर कर्तव्य ज्यान कसूर मे अनुसन्धान जारी

निजगढ के बिष्फोट मे संलग्न रहल आरोप मे पकडाईल उपर कर्तव्य ज्यान कसूर मे अनुसन्धान जारी

बारा १६ फागुन

बारा जिल्ला के निजगढ बजार के शहिद चोक मे शंकास्पद धातु बिष्फोट भईला पर तीन जने के मृत्यु भईल बा । बिष्फोट घटना मे पकडाईल दु जने उपर पुलीस कर्तव्य ज्यान कसुर अन्तर्गत् अनुसन्धान सुरु कईले बा ।

घटना के बाद पकडाईल कवाड भारतीय नागरिक रमेश जयसवाल आ निजगढ–९ के २६ बरीस के टिकाराम पाख्रिन के हिरासत मे लेके पुलीस अनुसन्धान अगाडि बढवले बा । उलोग विरद्ध अनुसन्धान के खातिर मंगर के दिने जिल्ला अदालत ७ दिन के म्याद देहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने बतवनी ।

निजगढ मे रहल आपन कवाड से कवाड मालिक रमेश उ शंकास्पद धातु से तामा के तार निकाले खातिर लेथ मे काटे लेगईला के बाद काटेके समय मे बिष्फोट भईला पर लेथ सञ्चालक रेशम मगर सहित तीन जने के मृत्यु भईला के बाद आउर अनुसन्धान के समय मे उ कसुर मे हिरासत मे राखल प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने बतवनी । धातु काट रहल अवस्था मे बिष्फोट भईल रहे । उ बिष्फोटक धातु काटे लागल समय कवाड मालिक रमेश आ धातु बिक्री करेवाला पाख्रिङ के पुलीस पकडले बा ।

पुलीस बिष्फोट के घटना के सुरु मे लेथ मे ग्याँस सिलिण्डर भडकल बतईला पर भी शंकास्पद धातु बिष्फोट भईल दाबी करत घटना के अनसन्धान कर रहल बा । बिष्फोटक धातु के यकिन होखे सकल नईखे । बिष्फोटक धातु के परीक्षण के बाद यकिन होखेके साथे बिष्फोटक पदार्थ कसुर अन्तर्गत भी अनुसन्धान करेके बतवनी । बिष्फोट से कबाड मालिक रमेश भी घायल भईल बाडन । उनकर चेहरा जरल बा । उ पुलीस हिरासत मे बाडन । उ एम्बुलेन्स मे भारत भागेके समय मे कोल्हबी से आ पाख्रिङ निजगढ से पकडाईल रहलन ।

‘धातु के ‘फोरेन्सिक’ परिक्षण के बाद यकिन होखी,’ प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने कहनी, ‘कबाड साहु तामा निकालेके लोभ मे धातु लेके लेथ मे कटवावे लेगईल रहलन ।’

प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने के मुताविक वर्कशप के सञ्चालक निजगढ नगरपालिका ५ के ४५ बरीस के रेशम मगर, वीरगंज महानगर ९ के २० बरीस के रितु रजत आ भारत, विहार गवाई के ३५ बरीस के राकेश जयसवाल के मृत्यु भईल बा । घटना मे दोसर एक एक भारतीय नागरिक सहित तीन जने घायल भईल उ बतवनी । उनका मुताविक रेशम आ राकेश के सोमार के दिने मृत्यु भईल आ रितु के मंगर के दिने मृत्यु भईल रहे ।

भारत विहार रामगडवा के घायल २० बरीस के अरबिन साह के बयोधा अस्पताल मे आइसीयू मे चिन्ताजनक अवस्था मे ईलाज हो रहल बा । आउर घायल वीरगंज–९ के ३४ बरीस के फिरोद देवान आ गम्भीर घायल अरबिन के भी बयोधा अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

समान्य घायल भईल निजगढ–५ के दोसर ४५ बरीस के सुर्यबहादुर थापा के निजगढ के सामुदायिक अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।