बाघ के आक्रमण से अधिकारी घायल, स्थानिय आतंकित
बाघ के आक्रमण से अधिकारी घायल, स्थानिय आतंकित

वीरगंज १७ फागुन
पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपामलिका वार्ड नं २ जमुनिया खोला लगे जगंली बाघ के आक्रमण मे परके एक युवक गम्भीर रुप से घायल भईल पुलीस जनवले बा ।
घायल होखेवाला मे उहे गाँवपालिका वार्ड नं २ लक्षमीपुर गाँव निवासी कृष्णा अधिकारी के २३ बरीस के बेटा सरोज अधिकारी रहल पुलीस जनवले बा । सरोज अधिकारी लक्षमीपुर से रंगपुर ओरी जा रहल अवस्था मे अचानक जंगली बाघ आक्रमण कईल स्थानियलोग देखके होहल्ला कईला के बाद बाघ छोडके भागल ईप्रका पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरिक्षक राजाराम केसरी बतवनी ।
बाघ के आक्रमण मे परके मुडि आ हाथ मे घाव भईल पुलीस जनवले बा । घायल के स्थानिय क्लिनिक मे ईलाज के बाद नारायणी अस्पताल वीरगंज पठावल गईल बा । चार दिन पहिले भी उहे बाघ एगो बकरी के भी मुअवले रहे । अभी जंगली बाघ के आतंक से उ क्षेत्र के बासिन्दालोग आतंकित भईल बाडन । एकरा से पहिले भी बाघ के आक्रमण से दु जने के मृत्यु भईल रहे आ एक जने के घायल बनवले रहे ।





