संघीय सरकार से मधेश के देखेवाला नजरिया विभेदपूर्ण बा : मुख्यमन्त्री यादव

संघीय सरकार से मधेश के देखेवाला नजरिया विभेदपूर्ण बा : मुख्यमन्त्री यादव

प्रभु यादव

बारा १८ फागुन

मधेस प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव संघीय सरकार मधेश के देखेवाला नजरिया विभेदपूर्ण रहल आरोप लगवले बानी । संघीय सरकार मे जेकेहु नेतृत्व कईला पर भी मधेश सरकार के विभेद करेके आरोप यादव लगवनी ।

जीतपुरसिमरा नगर उद्योग वाणिज्य संघ के आयोजना मे शुक से सुरु भईल प्रथम जीतपुर सिमरा महोत्सव के उदघाटन समारोह के सम्बोधन करत मुख्यमन्त्री यादव बजेट, अनुदान, नीति, जिम्मेवारी के हिसाब से मधेश उपर विभेद हो रहल कहत यादव प्रदेश सरकार के पङ्गु बनावेके काम हो रहल आरोप लगवनी ।

संघीयता के प्रभावकारी बनावेके बा त प्रदेश सरकार के सशक्त बनावल जरुरी रहल यादव के कहनाम रहे । प्रदेश सरकार के से बेसी बजेट महानगरपालिका के रहल कहत यादव प्रदेश सरकार सशक्त बनावेमे ध्यान देवे खातिर निहोरा कईले रहनी ।

मुख्यमन्त्री यादव भारतीय पर्यटक आवेवाला वातावरण बनावे खातिर भी संघीय सरकार से निहोरा कईनी । मधेश के जिल्ला के नाका से आवेवाला भारतीय पर्यटक के अनावश्यक झन्झट के सामना करेके पर रहल कहत यादव पर्यटनमैत्री वातावरण निर्माण करेके बात मे जोड देहनी ।

भारत से आवेवाला पर्यटक सवार सवारी साधन के राजमार्ग मे पुलीस अनावश्यक जाँच करेके, भन्सार से आवेके समय मे २५ हजार रोपेया से बेसी लेके आवे ना मिलेवाला किसिम से रोक लगावेके लगायत के समस्या देखल गईल कहत मुख्यमन्त्री यादव अईसन वातावरण से पर्यटन के विकास ना होखेके तर्क कईनी ।

कार्जक्रम मे संघीय सांसद एवम् पूर्वमन्त्री किसान श्रेष्ठ, ज्वालाकुमारी साह, मधेस प्रदेश के पर्यटनमन्त्री सुनिताकुमारी यादव, मधेस प्रदेशसभा सदस्य देवनारायण चौधरी, संविधानसभा के सदस्य शोभाकर पराजुली, जयराम दहाल, मधु शाही, जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजन पौडेल, निजगढ नगरपालिका के नगर प्रमुख सुरथ पुरी, उद्योग वाणिज्य संघ मधेस प्रदेश के अध्यक्ष अशोक टेमानी, जीतपुरसिमरा नगर उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष मोहन शर्मा लामिछाने लगायत सम्बोधन कईले रहलन ।

‘कृषी, पर्यटन, खेल, उद्योग आ व्यापार, जीतपुरसिमरा, बारा मधेस समृद्धि के मुख्य आधार’ के नारा सहित आयोजना कईल महोत्सव फागुन २९ गते तक आयोजना होखी । महोत्सव मे व्यापारिक प्रतिष्ठान, नेपाली सेना, सशस्त्र प्रहरी, सरकारी कार्यालय तथा अनेकन संघसंस्था के सेवा, कृषि तथा पर्यटनसम्बन्धी स्टल रही । महोत्सव मे धुर्मुस सुन्तली, मिस्टर डी, एलिन चौहान, रजना रिमाल, बद्री पंगेनी, निशान भट्टराई, दुर्गेश थापा, अनु चौधरी, ज्योती मगर, मञ्जु पौडेल, राजा राजेन्द्र, सुनिल पण्डित, प्रमोद जख्मी, प्रीति पासवान लगायत के कलाकार के सांगीतिक प्रस्तुति होखी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।