नेपाल कुस्ती संघ मधेस प्रदेश के अध्यक्ष मे रमेश साह चयन
नेपाल कुस्ती संघ मधेस प्रदेश के अध्यक्ष मे रमेश साह चयन

बारा १९ फागुन
नेपाल कुस्ती संघ मधेस प्रदेश के अध्यक्ष मे बारा के रमेश कुमार साह चयन भईल बानी । मधेस प्रदेश के महोत्तरी के बर्दिबास मे शनिचर के दिने भईल कुस्ती सङ्घ के भेला से साह के अध्यक्षता मे पहिलका बेर ११ सदस्यीय कार्यसमिति चयन भईल बा । जेकर उपाध्यक्ष मे सबिउल शेख, सचिव मे पारस यादव, सह–सचिव मे शिवशंकर यादव, कोषाध्यक्ष मे पिन्टु रौनियार, सदस्यलोग मे बिजय गीरी, दिपेन्द्र महतो, मनोज कुमार साह, सुजित यादव, दिपक यादव, राजकिशोर मन्डल करके ११ सदस्यीय गठन भईल अध्यक्ष साह बतवले बानी ।
कुस्ती बिकास के खातिर जरुरी बढिया व्यवस्थापक, खेल के खातिर बढिया कबडहल, मैट, खेलाडि के खातिर जरुरी सामान नईखे, आजु बडका नेता के अवकाश भईला के बाद राज्य ब्यवस्थापन करी माकिर अन्तर्राष्ट्रिय जगत मे राष्ट्र के चिनावेवाला खेलाडि के राज्य व्यवस्थापन ना कईल दुःखद रहल जनावल गईल बा । आपन कार्यकाल मे मधेस प्रदेश के ८ गो जिल्ला मे कुस्ती खेल के विकास आ विस्तार मे जोड देवेके निर्वाचित अध्यक्ष साह बतवनी । प्रदेश के सभी जिल्ला मे कुस्ती खेलाडी उत्पादन करेके आपन मुख्य योजना रहल बतवनी ।
नेपाल कुस्ती संघ मे बितल कुछ बरीस पहिले बिवाद उत्पन भईल रहे आ उ विवाद अभी समाधान भईल केन्द्रिय उपाध्यक्ष मुकेश साह बतवनी । नेपाल मे २०४४ साल मे कुस्ती संघ गठन भईला पर भी मधेस प्रदेश मे पहिलका बेर संघ गठन भईल बा ।






