लागुऔषध सहित दु जनानी पकडईली

लागुऔषध सहित दु जनानी पकडईली

वीरगंज २१ फागुन

प्रतिवन्धित लागुऔषध सहित दु जने भारतीय जनानी के पर्सा पुलीस पकडले बा । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ रजतजयन्ती चोक स्थित सडकखण्ड से दु जने जनानी के लागुऔषध सहित पकडले बा ।

प्रहरी चौकी ईनर्वा आ लागुऔषध नियन्त्रण व्यूरो शाखा पर्सा से खटल संयुक्त पुलीस टोली उलोग के पकडले बा । पकडाएवाला मे भारत विहार जिल्ला पूर्वी चम्पारण रामगढवा के ४३ बरीस के रुकसाना खातुन आ उहे जगहा के २० बरीस के अप्साना खातुन रहल प्रहरी नायब उपरिक्षक प्रवक्ता कुमार बिक्रम थापा बतवनी ।

भारत के रक्सौल से वीरगंज ओरी आ रहल सवारी साधन तथा पैदल यात्रीलोग के चेकजाँच करेके समय मे उलोग के साथ से लागुऔषध मिलल पुलीस जनवले बा ।

पुलीस के मुताविक रूकसाना के साथ से फागुऔषध बुपरिनुर्फिन १४८ एम्पुल, डाइजिपाम १४९ एम्पुल आ फेनारगन १३९ एम्पुल बरामद कईले बा । एहितरे अप्साना उजर टेप से लपेटके सुरुवाल से तोपल अवस्था मे बुपरिनुर्फिन १४८ एम्पुल, डाइजिपाम १४७ एम्पुल आ फेनारगन १४७ एम्पुल करके दुनु जने के साथ से जम्मा ८ सय ७८ एम्पुल लागुऔषध मिलल पुलीस बतवले बा । पकडाईल उलोग उपर लागुऔषध सम्बन्धी कसूर मे आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।