हुण्डी कारोबार मे संलग्न तीन भारतीय सहित ५ जने के २१ लाख रोपेया सहित पुलीस पकडलख

हुण्डी कारोबार मे संलग्न तीन भारतीय सहित ५ जने के २१ लाख रोपेया सहित पुलीस पकडलख

प्रभु यादव

बारा २१ फागुन

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा पत्रकार सम्मेलन कर के तीन भारतीय सहित पाँच जने हुण्डी कारोबार मे संलग्नलोग के सर्वजनिक कईले बा ।

मलेसिया आ भारत से हुण्डी कारोबार करेवाला के विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा पकडेमे सफल भईल प्रहरी उपरिक्षक सुरेश काफ्ले जनकारी करावले बानी । जिल्ला प्रहरी कार्यालय से खटल टोली शुक के दिन कलैया उप–महानगरपालिका वार्ड न. ६ अस्पताल रोड से रंजित सर्राफ कवनो बैंक के इजाजत पत्र ना लेके भारत से नेपाल मे रोपेया लियावे लेजाए के काम कईला मे चोरालुका के लियारहल नेपाली पाँच लाख रोपेया सहित पकडल काफ्ले जनकारी करावले बानी ।

हुण्डी कारोबार मे संलग्न रहल भारत विहार राज्य के जिल्ला मोतिहारी थाना हरपुर पंचायत हरपुर ग्राम नायक टोल के वरीस २९ के रंजित सरार्फ, जिल्ला बारा कलैया उ.म.न.पा.वडा न.७ के रहनीयार मोतजार मियाँ अंसारी, कलैया उ.म.न.पा.वार्ड न.४ के आसिफ मनि चेन्जर संचालक ३१ बरीस के कलामुदिन अंसारी, महागढीमाई न.पा.वार्ड न.१ के कलैया उ.म.न.पा.वडा न.४ स्थित आसिफ मनि चेन्जर संचालक ३९ बरीस के मेराजुल हक अंसारी, कलैया उप. मनापा ७ के ३१ बरीस के कलामुदिन अंसारी के पकड के बैंक तथा वित्तिय संस्था सम्बन्धि काम कररहल कसूर मे मुद्दा दर्ता कराके जिल्ला अदालत बारा से ७ दिन के म्याद थप कराके अनुसनधान कर रहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय छतवा, बारा से खटल प्रहरी टोली एतवार के दिन करिब ४ बजे सझिया विश्रामपुर गाँवपालिका वार्ड नं. १ छतवा कल्याणपुर सुलिगेट स्थित भारत से नेपाल ओर आरहल द्यच्ण्छब्च् घछण्ढ नं.के भारतीय मो.सा सहित भारत बिहार राज्य जिल्ला मोतिहारी, ग्राम स्यामपुर के बरीस ४२ के कृष्ण लाल प्रसाद, जिल्ला मोतिहारी, ग्राम अरेराज के बरिस ४० के रबि शंकर सिंह के बैंक के इजाजत पत्र ना भईल नेपाली रोपेया १६ लाख ९ हजार बरामद कर के अनुसन्धान प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।