श्रोत ना खुलल १० लाख नगद सहित दु जने पकडईलें

श्रोत ना खुलल १० लाख नगद सहित दु जने पकडईलें

रौतहट २२ फागुन

रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका के औरैया से नेपाल पुलीस श्रोत ना खुलल १० लाख रोपेया बरामद कईले बा ।

ईशनाथ नगरपालिका १ स्थीत सडक खण्ड मे अनेकन सवारी साधन चेक जाँच करेके समय मे पश्चीम से पूर्व ओरी आ रहल प्र.३ ०१–०२३ च. ५३८५ नम्बर के गाडी से श्रोत खुले ना सकल उ रोपेया बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जनवले बा ।

गाडी मे सवार रहल देवराज थिङ्ग आ चालक रामरती मोक्तान के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

थिङ्ग आपन साथ मे राखल करिया रंग के झोरा भितर १ हजार दर के रोपेया ८५० थान आ ५ सय दर के रोपेया ३०० थान बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक महेन्द्र श्रेष्ठ बतवनी ।

बरामद भईल नगद सहित के आदमी के जरुरी कारवाही के खातिर भंसार कार्यालय पठावल गईल उपरीक्षक श्रेष्ठ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।