पत्रकार नेहाल खान के अन्त्येष्टि झण्डा ओढा के सम्मान

पत्रकार नेहाल खान के अन्त्येष्टि झण्डा ओढा के सम्मान

वीरगंज २४ फागुन

ईलाज के समय बुध के रात मृत्यु भईल वीरगंज के क्रियाशिल पत्रकार नेहाल खान के बियफे के दिने मुस्लिम धर्म परम्परा मुताविक अन्त्येष्टि कईल बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सदस्य तथा नेपाल टेलिभिजन के पर्सा संवाददाता खान के वीरगंज हेल्थकेयर हस्पिटल मे ईलाज के समय बुध के रात मृत्यु भईल रहे । करिब दु दशक से सक्रिय पत्रकारीता मे रहल खान लम्हर समय से छाती आ फोक्सो के समस्या से पिडित रहलन ।

बियफे के दिने करिब २ बजे वीरगंज महानगरपालिका–३ पानीटंकीस्थित कब्रस्तान मे खान के मुस्लिम धर्मपरम्परा आ रितिरिवाज मुताविक अन्त्येष्टि कईल रहे । ओकरा से पहिले उनकर लास मे नेपाल पत्रकार महासंघ, प्रेस चौतारी नेपाल आ नेपाल मुस्लिम पत्रकार समाज के झण्डा ओढाके पत्रकार संघसंगठन के नेतालोग श्रद्धान्जली अर्पण कईले रहलन ।

खान के अन्त्येष्टि मे नेपाल पत्रकार महासंघ के मधेस प्रदेश महासचिव श्याम बञ्जारा, पर्सा अध्यक्ष अनुप तिवारी, प्रेस चौतारी पर्सा के अध्यक्ष तुलसी भण्डारी, नेपाल प्रेस युनियन पर्सा के उपाध्यक्ष क्रान्ति शाह, नेपाल मुस्लिम पत्रकार समाज पर्सा के अध्यक्ष मन्सुर खान लगायत पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।