नेपाली नक्कली रोपेया सहित बारा मे एक जने पकडईलें

नेपाली नक्कली रोपेया सहित बारा मे एक जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २४ फागुन

बारा मे नक्कली रोपेया सहित एक जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ कञ्चनपुर निवासी ३५ बरीस के राम बिनय सहनी रहल बाडन । उनका के पुलीस सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ स्थित हरिहरपुर चैक से नेपाली एक हजार दर के आठ थान नक्कली रोपेया सहित पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ से खटल पुलीस टोली बीआर ०५ जे २१८१ नम्बर के मोटरसाइकल के जाँच करेके समय मे मोटरसाइकल मे सवार सहनी के नक्कली रोपेया सहित पकडाईल बाडन ।

पकडाईल सहनी के साथ से भारतीय पाँच सय के सक्कली रोपेया तीन थान आ भारतीय रोपेया पाँच सय के साईज मे राखल सादा कागज दु सय ८६ थना भी बरामद कईल बारा के प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।

पकडाईल सहनी विरुद्ध खोटा चलन सम्बन्धि कसुर मुद्दा दर्ता करके बारा जिल्ला अदालत से पाँच दिन के म्याद थप कराके अनुसन्धान काम हो रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।