श्मसानघाट मे हलावल १२ बरीस के लईका के लास पुलीस निकललख

श्मसानघाट मे हलावल १२ बरीस के लईका के लास पुलीस निकललख

वीरगंज २५ फागुन

पर्सा पुलीस श्मसानघाट मे हलावल एक लईका के लास निकालके पोष्टमार्टम के खातिर अस्पताल मे पठवले बा । वीरगंज के राधेमाई लगेके सिर्सिया नदि किनार के श्मसानघाट मे खान्ता खोनके हलावल एक लईका के लास बियफे के रात पुलीस निकाल के पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल मे पठवले बा । वीरगंज महानगरपालिका–१२ मुर्ली के शम्भु महतो धानुक के बेटा १२ बरीस के दिलिप मण्डल धानुक के लास उनकर गारजियन केहु के जानकारी हि ना देके बियफे के सँझिया श्मसानघाट मे लेजाके खान्ता खोनके हलावल खबर पुलीस के मिलल रहे ।

खबर मिलला के बाद जिल्ला प्रहरी कार्यालय आ वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर से खटल टोली बियफे के सँझिया श्मसानघाट मे पुगल रहे । उहाँ पुगला पर दिलिप के लास अन्दाजी दु फिट गहिर खान्ता मे खोनके ओकरा भितर राखके उपर से बालु से भरल अवस्था मे मिलल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।

लईका के मृत्यु के खबर अभिभावक गोप्य राखल, पुलीस के भी खबर ना देहल आ लास पोष्टमार्टम भी ना करके श्मसानघाट मे लेजाके हलईला से घटना शंकास्पद देखल गईल थापा बतवनी । मृतक दिलिप के बाबु शम्भु आ माई सबिता के पुछपाछ के खातिर बियफे के रात हि नियन्त्रण मे लेहल थापा बतवनी ।

पडोसी के मुताविक, दिलिप के उनकर माई बाबु बियफे के दिने घर के एक कोठरी मे घेरके ज्याला मजदुरी के खातिर घर से निकलल रहलन । काम से बियफे के सँझिया घर अईला पर दिलिप कोठरी मे हि मृत अवस्था मे मिलला के बाद डर से केहु के जानकारी हि ना देके अटोरिक्सा मे लास राखके श्मसानघाट मे लेजाके हलावल बाबु शम्भु स्विकारल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा बतवनी । लईका दिलिप लागूपदार्थ के कूलत मे फँसल आ दोसर के घर घर मे घुस के मोबाइल लगायत के सामान चोरी करके हैरान करे लागला के बाद हमनीसब काम के खातिर बाहर गईला पर दिलिप के कोठरी मे घेरके गईल बाबु दिलिप पुलीस के बतावल थापा जानकारी देहनी ।

थापा कहनी, माकिर पुलीस के खबर हि ना देके लास श्मसानघाट मे लेजाके हलावल देखल गईल । एकरा से घटना शंकास्पद देखल गईल । उ चलते श्मसानघाट से लास निकालके पोष्टमार्टम के खातिर अस्पताल मे पठावल गईल बा । माई बाबु दुनु के पुछपाछ के खातिर नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कईल जा रहल बा ।

लास के पोष्टमार्टम रिर्पोर्ट अईला के बाद मात्र लईका के मृत्यु के यकिन कारण खुलेके आ ओकर आधार मे पुलीस अगाडि बढेके प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।