तस्करी के कपडा सहित २ जने पकडईलें
तस्करी के कपडा सहित २ जने पकडईलें

वीरगंज ०३ चईत
सशस्त्र पुलीस शनिचर के दिने बिन्दवासिनी गाँवपालिका ४ झौवा नाका से भन्सार छल के लियावल कपडा सहित २ जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । सशस्त्र प्रहरी बल पर्सा गण से खटल गाडी मोबाइल टोली भारत से अवैधरुप मे चोरी पैठारी करके भारतीय नम्बर प्लेट के बिआर २२ एक्स ५९५६ आ बिआर २२ एक्स २८५० करके दु गो मोटरसाइकल मे लोड करके नेपाल ओरी लिया रहल कपडा आ मोटरसाइकल सहित उलोग के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे पर्सा बहुदरमाई २९ आ ४१ बरीस के दु जने बाडन । उलोग के नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारबाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक संगम श्रेष्ठ जानकारी देहनी । पकडाईल आदमी के नाम आ बरामद भईल कपडा के परिमाण पुलीस खुलवले नईखे ।






