मधेश सरकार के सुराकी खर्च खारेज
मधेश सरकार के सुराकी खर्च खारेज

जनकपुर ७ चईत
मधेश प्रदेश सरकार के गृह तथा सञ्चार मन्त्रालय सुराकी खर्चबापत मासिक बहुते रोपेया खर्च करत रहे । सुराकी खर्च बुझेवाला मे मन्त्री आ सचिव हि भईला के बाद मधेश प्रदेश सरकार मंगर के दिने सुराकी खर्च हि खारेज कईले बा ।
एमाले से भौतिक पूर्वाधार तथा विकास मन्त्री के कार्यभार सम्हारल सरोजकुमार यादव (महोत्तरी) के गृह तथा सञ्चार मन्त्रालय के भी जिम्मेवारी तोकल गईल बा ।
गृह मन्त्रालय के कार्यभार सम्हारे खातिर मंगर के दिने मन्त्रालय पुगल मन्त्री यादव सुराकी खर्च खारेज करेके हि पहिलका निर्णय कईले बाडन ।
गृह मन्त्रालय के सूचना अधिकारी संदिपकुमार सिंह के मुताविक मन्त्री यादव सुराकी खर्च जरुरी ना रहल कहत खारेज के निर्णय कईले बाडन । ‘कार्यभार सम्हारल पहिलका दिन मन्त्री सुराकी खर्च खारेज के निर्णय कईले बानी,’ मन्त्रालय के सूचना अधिकारी सिंह कहनी ।
मधेश प्रदेश सरकार ०७५ जेठ १० गते सुराकी खर्च बाँटेके निर्णय कईले रहे । मधेश प्रदेश सरकार के गृह तथा सञ्चार मन्त्रालय से छुट्टयावल सुराकी खर्च मन्त्री, राज्यमन्त्री आ सचिव आपन मनमौजी बुझत आईल रहलन । मन्त्रालय के मुताविक अभी तक १ करोड ४२ लाख ८९ हजार ६ सय ६६ रोपेया सुराकी खर्चवापत मन्त्री, राज्यमन्त्री आ सचिवलोग बुझले बाडन ।





