ट्राफिक नियम उलंघन के बहना मे ट्राफिक पुलीस सवारी चालकलोग से पईसा असुल रहल

ट्राफिक नियम उलंघन के बहना मे ट्राफिक पुलीस सवारी चालकलोग से पईसा असुल रहल

प्रभु यादव

बारा ०८ चईत

बारा जिल्ला मे ट्राफिक नियम उलघन कईल बहाना मे पुलीस सब पईसा उठारहल सिकायत रहल बा ।

ट्राफिक प्रहरी सवारी दुर्घटना रोके के काम करेला चेकजाँच करेला माकिर सरकार के कर उठावत अपने नजराना लेवेमे लागल कलैया–२ के रामविश्वास यादव बतावले बानी । रास्ता मे ट्राफिक प्रहरी सवारी साधन रोक के कागजपत्र देख के छोड देवेला माकिर जेकरा लगे कमी बेसी होखेला ओकरा से पहिले पईसा लेके छोडे के काम करेला बात नाबुझेला ओकरा के चिट देके बैंक मे सरकारी कर जरीवान बुझावे के काम चेकजाँच मे खटल ट्राफिक प्रहरी लोग के रहल कलैया–१६ के विजय यादव सिकायत कईले बानी ।

जगरनाथपुर पर्सा जिल्ला के अटो चालक सुरज साह कलैया से वीरंगज जारहल चेकजाँच मे खटल प्रहरी के चलते चलते हात मिलाके विना चेकजाँच के अगाडि बढला पर जनकारी लेला पर ट्राफिक के ५० रोपेया दाम हवे पईसा हात मे मिला के देदी सब ठिक होला कहके बतवले बानी । पईसा काहे देहनी ह ? पुछला पर साह ना देहम त रोक के विना कवनो कारण जालझेल कर के जरिवाना काट के पेठाई ओही से देहनी बतावले बानी ।

वीरंगज से बारा के गाँव–गाँव मे पुगेवाला व्यापारी के गाडी से समान बोक के लियावेला महिनावारी देहल जाला ना त गाडी मे ओभर लोडल अउरी छड ना लियावेदी व्यापारी लोग के सिकायत रहल बा । बारा के स्रौनगढ, लङ्गडाचौक, कलैया, प्रसौनी, बडहर्वा, जितपुर परवानीपुर लगायत सभे जगह मे ट्राफिक प्रहरी लोग चेकजाँच के नाम मे पईसा उठावेला चालक लोग के सिकायत रहल बा ।

कलैया के भरत चौक परही ट्राफिक प्रहरी लोग गाडी सब के रोक के कवनो ना कवनो बहना कर के असुली कईल कलैया बासी लोग के दिनहु देखेके मिलेला कलैया ८ के अनिल साह बतावले बानी ।

ट्राफिक प्रहरी के बारा प्रमुख प्रहरी निरिक्षक रामकुमार महतो से जनकारी लेहला पर चेक जाँच मे खटल लोग कवनो पईसा ना लेवले यदी लेत बा त हमरा के जनकारी करावो कारवाही करेला तईयार रहल बतवले बानी । कारवाही करेला ट्राफिक प्रहरी के जरूरी परेला तब चिट काटकर के पईसा बैंक दाखिला कर के काम होरहल कहत पईसा के नगदी लेनदेन ना होखेला प्रमुख महतो बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।