मधेश मे मन्त्रिपरिषद विस्तार, एमाले से ३ मन्त्री लेहलें शपथ
मधेश मे मन्त्रिपरिषद विस्तार, एमाले से ३ मन्त्री लेहलें शपथ

जनकपुरधाम १० चईत
मधेश के मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव नेकपा एमाले से आउर तीन मन्त्री नियुक्त करत मन्त्रिपरिषद विस्तार कईले बाडन ।
शनिचर के दिने एमाले के प्रदेशसभा सदस्यलोग सत्रुधन प्रसाद सिंह कोइरी, राजकुमार लेखी आ स्वतन्त्र जितके एमाले प्रवेश कईल प्रमोद जयसवाल प्रदेश प्रमुख सुमित्रा भण्डारी समक्ष मन्त्री पद के शपथ लेहले बाडन ।
राजकुमार लेखी गृह, सञ्चार तथा कानून, शत्रुधन सिंह स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्री आ एमाले मे प्रवेश कईल प्रमोद जयसवाल शिक्षा तथा संस्कृति मन्त्री के रुप मे शपथ लेहले बाडन । तीन मन्त्री के साथे केशव राय स्वास्थ्य तथा जनसंख्या राज्यमन्त्री के शपथ लेहले बाडन ।
एकरा से पहिले मधेश सरकार मे नेकपा एमाले संसदीय दल के नेता सरोजकुमार यादव भौतिक पूर्वाधार मन्त्री के रुप मे शपथ लेहले बाडन ।
शनिचर के दिने मन्त्रिपरिषद विस्तार सँगे मधेश सरकार मे एमाले के ४ जना मन्त्री बनल बाडन ।
नेपाली कांग्रेस–माओवादी–जसपा गठबन्धन भसकला पर नेकपा एमाले सहित के गठबन्धन बनला के बाद मुख्यमन्त्री यादव कांग्रेस से मन्त्री बनल ३ जने के बर्खास्त कईले रहलन ।
एहितरे मधेश सरकार से जनमत पार्टी के २ जने बाहर गईला के बाद कुल ५ गो मन्त्रालय खाली भईल रहे । जउना मेसे ४ गो एमाले के मिलल बा आ एगो माओवादी केन्द्र के देवेके मुख्यमन्त्री के तईयारी बा ।





