पेट्रोल के भाव लिटर मे ४ रोपेया से बढल
पेट्रोल के भाव लिटर मे ४ रोपेया से बढल

काठमाण्डु १८ चईत
नेपाल आयल निगम पेट्राल के दाम बढवले बा । एतवार के मध्यरात से लागू होखेवाला किसिम से पेट्रोल मे प्रतिलिटर ४ रोपेया से दाम बढवले बा ।
एकरा सँगे काठमाण्डु उपत्यका सँगे पोखरा आ दिपालय मे पेट्रोल एक लिटर के १७५ रोपेया पडि । सुर्खेत आ दाङ मे १७४ तथा चारआली, विराटनगर, जनकपुर, अमलेखगञ्ज, भलबारी, नेपालगञ्ज आ वीरगंज क्षेत्र मे पेट्रोल एक लिटरके १७२ रोपेया ५० पईसा परी ।
डिजेल, मट्टितेल आ खाना पकावेवाला ग्लपी ग्यास के मूख्य हेरफेर भईल नईखे । आयल निगम के मुताविक इण्डियन आयल कर्पोरेसन से पठावल नयाँ खरिद मुल्य मुताविक पेट्रोल मे प्रतिलिटर ४ रोपेया ७६ पईसा बढल आ डिजेल आ मट्टितेल मे ३९ पईसा घटल निगम जनवले बा । एहितरे एलपी ग्यास मे प्रतिसिलिण्डर २७ रोपेया ४४ पईसा मूल्य घटके आईल बा । माकिर अभी भी एलपी ग्यास मे २९६ रोपेया १५ पईसा घाटा रहल कहत सञ्चालक समिति मूल्य हेरफेर ना करेके निर्णय कईले बा ।






