एक महिना मे १ लाख २८ हजार १६७ पर्यटक अईलें
एक महिना मे १ लाख २८ हजार १६७ पर्यटक अईलें
काठमाण्डु १९ चईत
ई बरीस के मार्च मे नेपाल आवेवाला विदेशी पर्यटक २८ दशमलव ९ प्रतिशत से बढल बाडन । नेपाल पर्यटक बोर्ड के मुताविक बितल बरीस के मार्च महिना के बराबरी मे ई बरीस के मार्च मे नेपाल आवेवाला विदेशी पर्यटक के सङ्ख्या २८ हजार ७४१ से वृद्धि भईल बा ।
बितल बरीस के मार्च मे कूल ९९ हजार चार सय २६ विदेशी पर्यटक नेपाल अईला मे ई बरीस के उहे समय मे एक लाख २८ हजार एक सय ६७ पर्यटक नेपाल आईल बाडन । मार्च मे सबसे बेसी भारतीय पर्यटक आईल बाडन । भारत से उ समय मे ३० हजार छ सय ९८ पर्यटक नेपाल आईल बाडन । चिनियाँ पर्यटक के सङ्ख्या १२ हजार ९३ बा ।
बोर्ड के मुताविक उ समय मे अमेरिका से १० हजार सात सय ७३ आ बेलायत से सात हजार दु सय ४१ जने, श्रीलङ्का से पाँच हजार सात सय ४१, जर्मनी से पाँच हजार दु सय ५५, थाइल्याण्ड से चार हजार तीन सय ४५, फ्रान्स से तीन हजार दु सय ४० आ म्यानमार से तीन हजार एक सय ३१ जने विदेशी पर्यटक नेपाल आईल बाडन ।
क्षेत्रीय हिसाब से देखला पर एसिया (सार्क) से ४० हजार सात सय २७, एसिया (अन्य) से २८ हजार छ सय ४८, यूरोप से २७ हजार पाँच सय ८२, ओसनिया से चार हजार सात सय ८० आ क्यानडा आ अमेरिका से १२ हजार छ सय १४ जने पर्यटक नेपाल आईल बाडन ।
ई बरीस के जनवरी मे ७९ हजार एक सय आ फेब्रअरी मे ९७ हजार चार सय २६ विदेशी पर्यटक नेपाल आईल रहलन । सन् २०२३ के पहिलका तीन महिना मे दु लाख २७ हजार सात सय ५५ जने विदेशी पर्यटक नेपाल अईला मे सन् २०२४ के पहिलका तीन महिना मे तीन लाख चार हजार छ सय ९३ जने विदेशी पर्यटक नेपाल आईल बाडन । जउन ३३ दशमलव ७८ प्रतिशत से बेसी ह ।






