पेट्रोलियम पाइपलाइन के दुसरका चरण के काम ७० प्रतिशत पुरा

पेट्रोलियम पाइपलाइन के दुसरका चरण के काम ७० प्रतिशत पुरा

वीरगंज १९ चईत

मोतिहारी–अमलेखगञ्ज पेट्रोलियम पाइपलाइन परियोजना अन्तर्गत दुसरका चरण के करिब ७० प्रतिशत काम पुरा भईल बा ।

दुसरका चराण अन्तर्गत ७० प्रतिशत काम ओरईला सँगे बाँकी आवेवाला तीन महिना भितर पुरा करेवाला किसिम से काम के तेजी देहल नेपाल आयल निगम मधेस प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज, बारा जनवले बा ।

परियोजना के दुसरका चरणअन्तर्गत भारतीय आयल निगम अमलेखगञ्जस्थित डिपो मे चार हजार एक सय किलोलिटर क्षमता के दु पेट्रोल ट्याङ्क, दु सय ५० किलोलिटर क्षमता के दु ट्रान्समिक्स ट्याङ्क, पेट्रोल ढुवानी के खातिर २४ पूर्ण स्वचालित लोडिङ वे (रिफिलर), पम्प हाउस आ प्रयोगशाला निर्माण कईल कार्यालय के प्रमुख विनितमणि उपाध्याय जानकारी देहनी ।

उहे परियोजना अन्तर्गत फायर फाइटिङ सिस्टम के स्तरोन्नति, पानी आ तेल छुट्यावेके ओडब्ल्युएस सिस्टम तथा पिएमसिसी कक्ष निर्माण अगाडि बढल उनकर कहनाम बा । “सन् २०२३ भितर सभी पूर्वाधार निर्माण पुुरा करेवाला किसिम से इन्फ्रास्ट्रक्चर प्रालि के ठेक्का देहल गईल रहे । तोकल समय मे निर्माण पुरा ना भईला के बादस कम्पनी म्याद थप के खातिर निवेदन देहला से म्याद थप के प्रक्रिया मे बानी”, प्रमुख उपाध्याय कहनी । उनका मुताविक अभी निर्माणाधीन अवस्था मे रहल दु पेट्रोल ट्याङ्क मेसे एगो नेपाल आयत निगम के आ दोसर भारतीय आयल निगम के लागत मे बन रहल बा ।

पेट्रोल आ डिजेल दुनु होखे सकेके मिश्रित इन्धन राखे खातिर दु ट्रान्समिक्स ट्याङ्क आ डिपो भितर के सुरक्षा के खातिर तीन हजार किलोलिटर क्षमता के फायरवाटर ट्याङ्क भारतीय आयल निगम निर्माण करेके सम्झौता भईल उ जानकारी देहनी ।

पहिलका चरण के काम पुरा होके विसं २०७६ भादो २५ गते से पाइपलाइन से डिजेल के आयात हो रहल निगम के प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज जनवले बा । दुसरका चरण के काम बितला के बाद पाइपलाइन से पेट्रोल आ मट्टितेल के आयात होखेके प्रमुख उपाध्याय बतवनी ।

“एगो पाइपलाइन से पेट्रोल आ मट्टितेल आयात करे खातिर सम्भव भईला पर भी भण्डारण करेवाला क्षमता ना भईला से अभी ट्याङ्कर से पेट्रोलियम पदार्थ लियावे के बाध्यता बा”, उ कहनी, “आयोजना के काम पुरा भईला के बाद पेट्रोल, डिजेल आ मट्टितेल करके तीन गो पदार्थ के आयात पाइपलाइन से होखी ।”

पाइपलाइन से पेट्रोलियम पदार्थ आयात भईला पर प्राविधिक नोक्सानी शून्य होखेके, ढुवानी भाडा बचत होखेके तथा वातावरणीय प्रदूषण कम करे खातिर सहजोग पुगेके कार्यालय प्रमुख उपाध्याय के कहनाम बा । ई परियोजना पुरा भईला सँगे अमलेखगञ्ज डिपो मे डिजेल के भण्डारण क्षमता २४ हजार आठ सय ४० किलोलिटर आ पेट्रोल के भण्डारण क्षमता १६ हजार छ सय ३० किलोलिटर पुगी । करिब ९० दिन के खातिर इन्धन भण्डारण करेके सरकार के नीति मुताविक निगम थप पाँच÷पाँच हजार किलोलिटर क्षमता के दु टङ्की निर्माण अगाडि बढावल गईल प्रमुख उपाध्याय जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।