अतिक्रमण कईल जमिन फिर्ता लियावल जाई : उपाध्यक्ष पोखरेल

अतिक्रमण कईल जमिन फिर्ता लियावल जाई : उपाध्यक्ष पोखरेल

प्रभु यादव

बारा १९ चईत

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी एमाले बारा के ११ वाँ अधिवेशन कलैया के करणराज प्यालेस होटल मे सुरू भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी नेकपा एमाले के केन्द्रिय बरिष्ठ उपाध्यक्ष ईश्वर पोखरेल नेपाल के अतिक्रमण भईल जमिन फिर्ता लियावल जाएके बतवले बानी ।

समृद्धि विना के गठबन्धन टुटके दुसर एमालेके सरकार साथ बनल पोखरेल बतावले बानी । नेकपा एमाले के सरकार के हुलाकी राजमार्ग के प्राथमिक्ता मे होखे के परल कहके बतवले बानी । स्कुल, स्वास्थ्य संस्था बनल बाकी ना बनल देख के एमाले अगाडि बढत बनावेके बतावले बानी ।

कृषि मे उत्पादन बढावेला पार्टी के ध्यान पुगेके पोखरेल बतावले बानी । भ्रष्टाचार के विरोध मे ना बोलेवाला एमाले होई ना सकता उपाध्यक्ष पोखरेल पक्का भईल जनकारी करावले रहनी । बारा के विकास के खातिर ठोस योजना बनावे मे मन्त्री लोग के अधिक महत्व रहल बतावले बानी । कृषि मन्त्री साह मलखाद बनावेवाला उधोग के साक्षि बनके काम करिहे कहके पोखरेल बतवले बानी ।

पार्टी समृद्ध कररहल समय मे विदेशी लोग के ईसारा मे कुछ लोग चारो ओर से भिड के समाप्त करेला लागल रहे जवना के समना करके पार्टी बचावले बानी पोखरेल बतावले बानी । १० वां अधिवेशन मे सभे जगह से समाप्त करेला लागल रहे पोखरेल बतावले बानी । पार्टी मे वितल दिन के लोखाजोखा करे के कार्यकर्ता सभे के बतावले बानी ।

नेकपा एमाले के केन्द्रीय सचिव उपप्रधानमन्त्री तथा भौतिक यातायात मन्त्री रघुविर महासेठ नेकपा एमाले सरकार मे ना रहल रहे तब देश मे आर्थिक स्थिती बहुत कमजोर होगईल रहे सरकार जबे एमाले आईल हवे आर्थिक अवस्था बढरहल बतावले बानी ।

कुछ पार्टी लोग संविधान संशोधन कर के राजा लियावेला अगाडि बढरहल बा मन्त्री महासेठ बतावले बानी । एमाले देश मे बनल संविधान के कवनो बुन्दा मे संशोधन करेके पक्ष मे ना रहल मन्त्री महासेठ बतावले बानी । नेकपा एमाले के कार्यकर्ता के योगदान से मधेश प्रदेश मे संघ आ प्रदेश मे पहिलका पार्टी भईल मन्त्री बतावले बानी । देश मे भौतिक पूर्वाधार के काम के भुक्तानी ना भईला से रूकल रहे जवन सरकार मे आवते देके काम सुरू होगईल महासेठ बतावले बानी ।

संघिय सरकार के कृषि तथा पशुपक्षि विकास मन्त्री ज्वाला साह नेकपा के सघिय सरकार आ मधेश प्रदेश के भौतिक पूर्वाधार मन्त्री रहल बा जवन लोग बारा मे विकास के काम करेला निहोरा कईले बानी । कृषि मन्त्रालय से बारा मे किसान लोग के उत्पादन मे सहजोग पुगेवाला कोल्डस्टोर स्टेज बोरिङ बनावेला पालिका लोग के योजना बनाके पेश करेला जनकारी करावले बानी मन्त्री साह बतावले बानी । मिशन २०८४ के खातिर जनानी लोग के खातिर अचार बनावेला योजना लियारहल मन्त्री साह बतावले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे दुसर पार्टी छोड के बहुते लोग एमाले मे पार्टी प्रवेश कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।