वीरगंज से ५० लाख के तस्करी के सामान सहित ट्रक पकडाईल

वीरगंज से ५० लाख के तस्करी के सामान सहित ट्रक पकडाईल

वीरगंज २१ चईत

पर्सा पुलीस वीरगंज से तस्करी के आशंका मे ५० लाख रोपेया मूल्य के सामान सहित एगो ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा । विशेष सूचना के आधार मे खटल पुलीस टोली ५० लाख १२ हजार १८० रोपेया मुल्य के कपडा, दवाई, चिनी, सुर्ती लगायत के सामान सहित ना ८ ख ३५४९ नम्बर के ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।

बितल सोमार के दिने वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १२ स्थित पावर हाउस चोक मे ना ८ ख ३५४९ नम्बर के ट्रक रोकके पुलीस चेकजाँच कईले रहे । उ समय मे ट्रक से राजश्व ना तिरके लियावल ४१ लाख ९३ हजार १० रोपेया मुल्य के कपडा आ खुद्रा सामानसब बरामद कईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी । उ सामान सहित के ट्रक जरुरी कारबाही के खातिर राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल गईल जानकारी उ देहनी ।

एहितरे बितल सोमार के दिने हि सँझिया वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ रजतजयन्ती चोक मे भारत से भन्सार राजश्व छलके चोरी पैठारी करके लिया रहल ८ लाख १९ हजार १७० रोपेया मूल्य के कपडा, चिनी, सुर्ती तथा दवाई बरामद कईल थापा बतवनी ।

उ सामानसब जरुरी कारबाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।