सुनसरी के ५ पालिका मे कर्फ्यू, राजमार्ग मे उच्च सतर्कता

सुनसरी के ५ पालिका मे कर्फ्यू, राजमार्ग मे उच्च सतर्कता

विराटनगर २३ चईत

दु समूहबीच विवाद बढला के बाद सुनसरी के पाँच पालिका मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय कर्फ्यू लगवले बा । एक युवक के पिटपाट कईल विषय मे दु समूह बीच झडप भईला के बाद प्रशासन कार्यालय पाँच गो पालिका मे कर्फ्यू आदेश जारी कईल सुनसरी के कायममुकायम प्रमुख जिल्ला अधिकारी वेदराज फुँयाल बतवनी ।
उनका मुताविक इनरुवा नगरपालिका, भोक्राहा नरसिंह गाँवपालिका, हरिनगर गाँवपालिका, देवानगञ्ज गाँवपालिका आ कोशी गाँवपालिका मे अनिश्चितकाल के खातिर कर्फ्यू आदेश जारी कईल बा । साथे स्थानीय प्रशासन पूर्व पश्चिम राजमार्ग मे भी सतर्कता बढवले बा । राजमार्ग मे लम्हर दूरी के सवारी साधन के निगरानी मे राखके मात्र आवतजावत करे देहल गईल बा । हरिनगर गाँवपालिका–१ भुटाहा मे बियफे के दिने एक युवक उपर स्थानीय पिटपाट कईले रहलन । पिटपाट के भईल विषय मे आजु दु समूहबीच झडप भईल रहे ।
दु समूह बीच के झडप उग्ररूप लेहला के बाद अनिश्चितकाल के खातिर प्रशासन पाँच पालिका मे कर्फ्यू आदेश जारी कईले बा ।
भुटाहा मे शुक के दिने भईल झडप मे पर के १० जने आन्दोलनकारी घायल भईल बाडन । जउना मेसे २ जने के गोली लागल बा । स्थिति नियन्त्रण के खातिर पुलीस चार दर्जन से बेसी अश्रुग्यास आ हवाई फायर कईले बा । झडप मे १८ जने पुलीस सामान्य घायल भईल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय सुनसरी एकरा से पहिले झडपस्थल हरिनगर गाँवपालिका आ देवानगंज गाँवपालिका के १ आ ७ नम्बर वार्ड मे मात्र निषेधाज्ञा जारी कईले रहे । माकिर विवाद बढला के बाद कर्फ्यू आदेश जारी करत सुरक्षा सतर्कता बढवले बा । निषेधित जगहा मे सामाजिक, धार्मिक, राजनीतिक सभा, जुलुस, भेला जम्मा, प्रदर्शन लगायत के कउनो भी कार्जक्रम ना करे आ ना करावे खातिर प्रशान से जारी कई कर्फ्यू आदेश मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।