दु बुँदे सहमति सँगे मजदुर लोग के आन्दोलन स्थगित
दु बुँदे सहमति सँगे मजदुर लोग के आन्दोलन स्थगित
वीरगंज २७ चईत
उद्योग व्यवस्थापन सँगे दु बुँदे लिखित सम्झौता भईला के बाद वीरगंज स्थित प्रोवायोटेक इण्डष्ट्रिज लिमिटेड के मजदुर आन्दोलन स्थगित करके काम मे फिर्ता भईल बाडन ।
अनेकन कारण देखाके उद्योग व्यवस्थापन बितल फागुन से ११ जने मजदुर के काम से हटावल कहत अखिल नेपाल ट्रेड युनियन के अगुवाई मे मजदुरलोग काम छोडके आन्दोलन मे उतरल रहलन ।
आन्दोलनरत मजदुर युनियन के पदाधिकारी तथा उद्योग व्यवस्थापनबीच काम से हटावल गईल मजदुर के पुनःबहाली करेके आ मजदुर आन्दोलन के कार्जक्रम फिर्ता लेके काम मे फिर्ता होखेके सहमति भईल बा । श्रमिक के ओरी से संयुक्त ट्रेड यूनियन समन्वय केन्द्र के अध्यक्ष योगेन्द्र कुँवर, अखिल नेपाल ट्रेड यूनियन महासङ्घ मधेस प्रदेश इन्चार्ज माधव पाण्डे आ उद्योगी के ओरी से प्रोवायोटेक इण्डष्ट्रिज लिमिटेड के प्रशासन प्रमुख ओमप्रकाश बैठा सहमतिपत्र मे हस्ताक्षर कईले बानी ।
प्रोबायोटेक इण्ड्रष्ट्रिज लिमिटेड श्रम ऐन, ०७४ के दफा १३१ (४) के (च) बमोजिम खराब आचरण कईल कहके छ श्रमिक के सेवा से हटवले रहे आ आउर कारण देखावल पाँच जने आउर श्रमिक के उद्योग प्रवेश मे रोक लगवले रहे । निष्कासित कईल ११ श्रमिक के पुनःबहाली के माग करत अखिल नेपाल ट्रेड यूनियन महासङ्घ निकट श्रमिकलोग आन्दोलन मे उतरल रहलन ।






