आठ महिना मे ३७ करोड बराबर के अवैध सामान पकडाईल
आठ महिना मे ३७ करोड बराबर के अवैध सामान पकडाईल

वीरगंज २८ चईत
पर्सा पुलीस चालु आर्थिक बरीस के सावन से चईत २२ गते तक के समय मे रु ३६ करोड ८४ लाख ८३ हजार दु सय ६० मूल्य परेवाला अवैध सामान पकडले बा ।
पुलीस के सक्रियता से पिछिलका समय हरेक दिन भन्सार छली कईल तथा बिलबिजक से बेसी सामान लियावल नियन्त्रण मे लेवेके क्रम बढल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमारविक्रम थापा भन्सार छली तथा चोरी पैठारी आ बिलबिजक से बेसी सामान लियावेवाला विरुद्ध पुलीस कारबाही कर रहल बतवनी ।
“नेपाल पुलीस एक हप्ता मे भन्सार छली करके लियावल करिब रु एक करोड मूल्य परेवाला सामान नियन्त्रण मे लेत आ रहल बा”, उ कहनी, “चोरी÷तस्करी करके लियावल सामान के पकडके वीरगंज भन्सार कार्यालय के बुझावल जाला । बिलबिजक मुताविक के ना भईला पर राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे बुझावल जाला ।”
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेशसागर भुसाल खुला सीमा के चलते चोरी तस्करी सक्रिय भईल बतवनी । “पर्सा जिल्ला के सिमाना भारत से एक सय ७० किलोमिटर जोडल बा”, कहत उ, “चोरी तस्करी नियन्त्रण करे खातिर सभी निकाय के निर्देशन देत आ रहल बानी ।”
चालु आव के चईत २२ गते तक के समय मे राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे रु ३१ करोड ८९ लाख ७३ हजार मूल्य परेवाला सामान बुझवले बा । एहितरे भन्सार कार्यालय वीरगंज के रु चार करोड ९५ लाख ९ हजार दु सय ७३ मूल्य परेवाला सामान बरामद करके बुझवले बा । पुलीस पिछिलका आव २०७९÷८० मे रु ४८ करोड ९ लाख ६४ हजार छ सय ४६ मूल्य परेवाला सामान बरामद कईले रहे । जउना मे किराना के सामान रु आठ करोड तीन लाख पाँच हजार ९ सय ७५ मूल्य बराबरके रहे । एहितरे विद्युतीय सामान रु एक करोड ८० लाख मूल्य बराबर के रहे ।
एहितरे पिछिलका आव मे सवारीसाधन के पार्टपुर्जा सम्बन्धि रु १५ करोड ५८ लाख ७७ हजार के बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के तथ्याङ्क मे उल्लेख बा । लत्ताकपडा रु २२ करोड ३५ लाख ६६ हजार मूल्य बराबर के बरामद कईल आ बितल आव मे चोरी तस्करी मे संलग्न १५ अभियुक्त के पकडल जनवले बा । पुलीस बितल आव मे ९५ गो सवारीसाधन नियन्त्रण मे लेहले रहे ।






