नाबालिका से प्रेम करके भारत लेजारहल युवक पकडईलें

नाबालिका से प्रेम करके भारत लेजारहल युवक पकडईलें

वीरगंज ३० चईत

१७ बरीस के नेपाली नाबालिका लईकी के सामाजिक सन्जाल से प्रेम सम्बन्ध मे फँसाके भारत लेजारहल एक युवक के भारतीय सुरक्षाकर्मी वीरगंज के सिमावर्ती सहर रक्सौल से पकडले बा ।
पुलीस पर्सा जगरनाथपुर गाँवपालिका पाँडेपुर के २७ बरीस के मोहम्मद मंजुर आलम खान के पकडले बा । खान के भारत के मानव तस्कर रोधी इकाई (क्षेत्रक मुख्यालय) बेतिया कार्यालय ४७ वाँ बाहिनी सशस्त्र सीमा बल रक्सौल पूर्वी चंपारण बिहार ‘मिशन निर्भया’ अन्तर्गत शुक के दिने सीमा से पकडले बा ।
भारतीय सुरक्षा फौज एसएसबी के इन्स्पेंक्टर मनोज कुमार शर्मा के मिलल सूचना मुताविक नेपाल भारत मैत्री पुल मे जरुरी सर्तकता अपनईला के बाद खान के उ नाबालिका सहित नियन्त्रण मे लेवेमे सफलता मिलल बा । माइती नेपाल वीरगंज आवधिक गृह के सहजीकरण के बाद खान आ उ लईकी दुनु से बयान लेहल गईल रहे ।
बयान से पहिले दुनु जने हमनी मरद मेहरारु रहल बतईला पर भी बयान के समय मे किशोरी सामाजिक सन्जाल से प्रेम सम्बन्ध परला के बाद खान वियाह करेके कहके हमरा के भारत लेजाएके खोजल बतवनी । बयान के समय मे खान के पहिलका मेहरारु से सम्बन्ध बिच्छेद भइल आ दुसरका बियाह तय हो चुकल बा ।
अभी तिसरका लईकी के भी उ वियाह करेके बतावत भारत लेजाएके खोल मिलल इन्सपेक्टर शर्मा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।