मष्ट वान्टेड’ सुची मे रहल कर्तव्य ज्यान मुद्दा के आरोपित पकडईलें
मष्ट वान्टेड’ सुची मे रहल कर्तव्य ज्यान मुद्दा के आरोपित पकडईलें

रौतहट ०२ बैशाख
रौतहट पुलीस १० महिना से फरार रहल कर्तव्य ज्यान मुद्दा के एक अभियुक्त के पकडले बा । पुलीस देवाही गोनाही नगरपालिका–१ घर भईल ५२ बरीस के शेख नुरुल्लाह के एतवार के दिने पकडले बा ।
उ पूर्वजनप्रतिनिधि भी हउवन । मन्दिर के पुजारी आ दोसर बुढ के हत्या के योजनाकार के रुप मे रहल उनका के एतवार के दिने पकडल गईल डिएसपी एलिजा गिरी जानकारी देहनी । ‘अपराध करके भारत मे लुकात आईल नुरुल्लाह नेपाल आईल सुचना मिलल रहे । सबेरे रात २ बजे उनका के पकडल गईल बा,’ डिएसपी गिरी कहनी, ‘उ पुलीस के सर्वाधिक खोजी के सुची मे रहलन । हमनी उहे मुताविक उनका उपर खोजतलास आ निगरानी बढावत आईल रहनी ।’
देवाही गोनाही नगरपालिका–१ करुनिया स्थित सडक मे ७८ बरीस के शेख तैयब के उहे गाँव के शेख सेराज समेत गोली मारके हत्या कईल आरोप मे २०८० पुस १६ गते घटना के योजनाकार नुरुल्लाह सहित के जिल्ला अदालत पक्राउ पुर्जी के आदेश देहले रहे । घटना के बाद नुरुल्लाह भारत मे लुकाके रहत आईल पुलीस के कहनाम बा ।
खोजतलास के समय मे नुरुल्लाह नेपाल आईल पुलीस रात के हि सुचना मिलल रहे । भारतीय सिमा मे परेवाला राजदेवी नगरपालिका–८ बेलबिछुवा चोक मे शंकास्पद रुप मे घुम रहल अवस्था मे नुरुल्लाह के पकडल गईल डिएसपी गिरी जानकारी देहनी । घटना मे सलग्न स्थानीय शेख शेराज आ भारतीय नागरिक राकेश कुमार के पुलीस तत्काल पकडके कर्तव्य ज्यान मुद्धा चलवले रहे । उलोग दुनु पुर्पक्ष के आदेश मे कारागार मे रहलन । मुख्य योजनाकार नुरुल्लाह आ उनकर भाइ खलिउल्लाह फरार रहलन ।
हत्या के मुख्य योजनाकार नुरुल्लाह हि रहल जिल्ला प्रहरी प्रमुख एसपी दिलिप घिमिरे जानकारी देहनी । ‘नुरुल्लाह के पृष्ठभूमि देखला पर क्रिमिनल प्रवृत्ति के मिलल,‘ उ कहनी, ‘जिल्ला मे कहाँ आ कउन÷कउन घटना मे सलग्न बाडन कहके अनुसन्धान सुरु कईल गईल बा ।’
२०७७ साल भादो ३ गते रात ९ बजे माधवनारायण नगरपालिका–२ खेसरहिया बजारस्थित हनुमान मन्दिर के ६५ बरीस के पुजारी श्रीराम साह के हत्या नुरुल्लाह हि कईल पुलीस के दाबी बा । मन्दिर परिसर मे खाना खारहल पूजारी साह के देव्रे कन्चट मे गोली मारके हत्या कईले रहलन । घटना के समय नुरुल्लाह वार्ड अध्यक्ष रहलन । घटना के बाद उ फरार भईलन । २०७८ सावन २२ गते दिनके १ बजे नाटकीय शैली मे नुरुल्लाह रौतहट जिल्ला अदालत मे उपस्थित भईलन । अदालत के न्यायाधीश श्यामविहारी मौर्य के एकल इजलाश से उनकाके २ लाख धरौटी मे रिहा कईलं । पुजारी हत्या मे पुलीस स्थानीय रामनरेश पटेल आ बाल कुमार पटेल आ नुरुल्लाह सहित ७ जने विरुद्ध मुद्धा दायर कईले रहे । रामनरेश आ बाल कुमार पुर्पक्ष के लागि गौर कारागार मे बाडन ।






