आर.डि.सि.द्वारा माधवनारायण मे नगर स्तरीय वक्तित्वकला प्रतियोगिता
आर.डि.सि.द्वारा माधवनारायण मे नगर स्तरीय वक्तित्वकला प्रतियोगिता

मेवालाल यादव
रौतहट १२ बैशाख
रौतहट के माधवनारायण नगरपालिका वार्ड नम्बर ३ स्थित सखुआवा के श्री देवी माध्यमिक बिद्यालय मे नगर स्तरीय वक्तित्वकला प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।
माधव नारायण नगरपालिका के नगर प्रमुख बैधनाथ प्रसाद यादव के प्रमुख अतिथ्यता मे भईल प्रतियोगिता मे नगरपालिका के माध्यमिक आ आधारभूत करके ८ गो विद्यालय के विद्यार्थीलोग के सहभागिता रहल रहे । ’विद्यालय के वातावरण मे भुमिका’ कहके विषय मे भईल प्रतियोगिता के सहजिकरण सुस्मिता कुमारी कईले रहनी ।
कार्जक्रम के उदघाटन दु गो पौधा रोप के भईल रहे । कार्जक्रम के अध्यक्षता करत किरणकुमारी पंडित विश्व मे वातावरण मे परल प्रभाव के चित्रण करत उ समस्या के न्यूनीकरण करेके ओरी सभी के ध्यानाकर्षण करवले रहनी ।
माधव नारायण नगरपालिका के सहजोग आ ग्रीन भोइस एन्ड एक्शन लघु परियोजना (आर.डि.सि.) संस्थाद्वारा आयोजना कईल प्रतियोगिता मे माध्यमिक विद्यालय खेसरहिया के अमनकुमार यादव प्रथम भईल रहलन । एहितरे श्री देवि माध्यमिक विद्यालय सखुआवा के ललनकुमार साह द्वितिय आ सुहाना कुमारी पटेल तृतीय भईल रहली । प्रथम, द्वितिय आ तृतीय होखेवाला के प्रमाणपत्र आ पुरस्कृत आर डि.सि के अध्यक्ष राहि पारस हुसैन आ कोषाध्यक्ष ममता झा देहले रहनी ।






